टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आइसक्रीम फैक्ट्री में लागल भीषण आग, दमकल के 20 गाड़ी मौजूद; चपेट में आईंल कईगो फैक्ट्री

11:56 AM Jul 12, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

शहर के दमदम इलाका में भारी आग लगला के मामला सोझा आईल बा। फिलहाल बतावल जाता कि बियफ़ें के देर रात एगो बनियान बनावे वाली फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। पुलिस एs घटना के जानकारी दिहलस। हालांकि इहो कहल जा रहल बा कि आइसक्रीम बनावे वाला एगो फैक्ट्री में आग लागल रहे जवना के बाद में फइलल आ अउरी कई गो कारखाना भी प्रभावित भइल। आग पs काबू पावे खातिर 20 गो फायर टेंडर मौका पs तैनात कs दिहल गइल बा. दमकलकर्मी के संगे स्थानीय लोग भी आग बुझावे में मदद कईले। हालांकि अबे ले कवनो हताहत के बारे में कवनो जानकारी नईखे मिलल।

आग कई कारखाना ले पहुंच गईल

घटना के जानकारी देत ​​पुलिस कहलस कि इs दुर्घटना रात के 3 बजे जेसोर रोड पs नागेरबाजार में भईल। उs कहले कि एs घटना में कवनो जानमाल के नुकसान के कवनो जानकारी नईखे। पुलिस के एगो वरिष्ठ अधिकारी के मुताबिक बनियान बनावे वाली फैक्ट्री में आग लागे के सूचना मिलल बा। आशंका बा कि आग लगल आइसक्रीम फैक्ट्री से लागल होखी. उs आगे कहले कि आग के लपट बुझावे खातीर कम से कम 20 फायर टेंडर लगावल गईल बा। आग बुझावे खातिर दमकलकर्मी के संगे स्थानीय लोग भी आगे अईले। आग पs काबू पावे खातिर चार घंटा ले प्रयास करे के पड़ल।

 

 

 

 

Tags :
fireKolkataWest Bengal
Advertisement
Next Article