For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गुजरात: रिलायंस मॉल में लागल भीषण आग, परिसर में फइलल लपट

09:59 AM Feb 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
गुजरात  रिलायंस मॉल में लागल भीषण आग  परिसर में फइलल लपट
Advertisement

गुजरात के जामनगर के मोती खावड़ी इलाका के रिलायंस मॉल में बीयफ़ें के सबेरे भारी आग लाग गईल। आग के लपट पूरा परिसर में फैल गईल। एa घटना में केहु के घाही नईखे भईल। आग पर काबू पावे खातिर फायर इंजन मउका पs पहुंच गईल बाड़े। जामनगर जिला के अधिकारी अवुरी दमकल विभाग के संगे आरआईएल के फायर इंजन मउका पs पहुंच गईले अवुरी आग पs काबू पा लिहल जाता। अबे ले आग लागे के कारण के खुलासा नईखे भईल, एकर कारण के जाँच कईल जाई।

Advertisement

एही बीच बीयफ़ें के सबेरे बाहरी दिल्ली के मंगोलपुरी इलाका में कपड़ा बाजार में आग लाग गईल। अधिकारी बतवले कि एs घटना में कवनों के जानमाल के नुकसान नईखे भईल। दिल्ली फायर सर्विस (डीएफएस) के एगो अधिकारी बतवले कि मंगोलपुरी के 'कतरन मार्केट' में आग लागे के सूचना सबेरे 3.24 बजे मिलल अवुरी आग बुझावे खातीर चार फायर टेंडर लगावल गईल। अधिकारी बतवले कि करीब दु घंटा में आग पs काबू पा लिहल गइल। अधिकारी बतवले कि आग में कुछ दोकान के बहुत नुकसान भईल बा अवुरी एs घटना के पीछे 'शॉर्ट सर्किट' के आशंका बा।

Tags :
Advertisement