टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष के भइल ऐलान, माता प्रसाद पांडे के मिलल जिम्मेदारी

03:47 PM Jul 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

यूपी विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष के घोषणा हो गईल बा। माता प्रसाद पाण्डेय के यूपी विधानसभा में विपक्ष के नेता चुनल गइल बा. अखिलेश सरकार में विधानसभा अध्यक्ष रहले। माता प्रसाद सात बेर विधायक रहल बाड़न। उs सिद्धार्थ नगर के इटावा विधानसभा सीट (समाजवादी पार्टी) से विधायक बाड़े।

आईं बता दीं कि नेता प्रतिपक्ष के दौड़ में इंद्रजीत सरोज, रामअचल राजभर आ तूफानी सरोज के नाम भी शामिल रहे, बाकिर फाइनल मोहर  माता प्रसाद पांडे के नाम पs लागल रहे।  माता प्रसाद के राज्य के राजनीति में एगो मजबूत नेता के पहचान बा। उs उत्तर प्रदेश विधानसभा के अध्यक्ष भी रहल बाड़े। माता प्रसाद के अखिलेश के करीबी मानल जाला।

बता दीं कि एकरा से पहिले समाजवादी पार्टी के मुखिया अखिलेश यादव खुद विपक्ष के नेता रहले।उs मैनपुरी के करहल विधानसभा सीट से विधायक रहले। बाकिर, 2024 के लोकसभा चुनाव में कन्नौज से सांसद चुनल गईला के बाद उs करहल विधानसभा सीट छोड़ देले अवुरी नेता प्रतिपक्ष के पद भी छोड़ देले। जवना के बाद अब इटवी विधानसभा सीट से समाजवादी पार्टी के विधायक माता प्रसाद पांडेय के विपक्ष के नेता बनावल गईल बा।

 

 

Tags :
Mata Prasad PandeypoliticsPolitics newsUP AssemblyUP Assembly newsup newsup politics news
Advertisement
Next Article