For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

27 मई: जानि इतिहास में आज के दिने कवन खास घटना घटल

08:34 AM May 27, 2024 IST | Raj Nandani
27 मई  जानि इतिहास में आज के दिने कवन खास घटना घटल
Advertisement

27 मई के बात कइल जाए तs ई दिन भारत खातीर कई मायने में खास बा। आज के दिन देश के एगो महान व्यक्तित्व जवाहरलाल नेहरू के निधन भइल रहे । उनका अलावे आज देश के वीर जवान हंगपन दादा के पुण्यतिथि भी बा।

Advertisement

देश के पहिला प्रधानमंत्री जवाहरलाल नेहरू के निधन 27 मई 1964 में भइल । भारत के विकास के राह पs ले जाए में उनकर अहम भूमिका रहे। एकरा अलावा 27 मई के अउरी ऐतिहासिक घटना के क्रमवार विवरण निम्नलिखित बा...

  •  1935 : डॉ. भीमराव अम्बेडकर के पत्नी रमाबाई अम्बेडकर के निधन हो गइल।
  •  1957 : भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता नितिन गडकरी के जनम भइल।
  •  1962 : भारतीय क्रिकेट टीम के मुख्य कोच आ मशहूर क्रिकेट खिलाड़ी रवि शास्त्री के जनम भइल ।
  •  1964 : देश के पहिला प्रधानमंत्री आ महान स्वतंत्रता सेनानी जवाहरलाल नेहरू के निधन।
  •  2002 : नेपाल के प्रधानमंत्री देउबा के 3 साल खातिर पार्टी से निकाल दिहल गइल।
  •  2006 : इंडोनेशिया में आइल एगो विनाशकारी भूकंप में नाहियो त 2900 लोग के मौत हो गइल आ हजारन लोग घायल हो गइल ।
  •  2008 : केंद्र सरकार सीमेंट निर्यात पर लगावल प्रतिबंध वापस ले लिहलस।
  •  2010 : भारत उड़ीसा के चंडीपुर के बालसोरा जिला में परमाणु टिप वाला धनुष आ पृथ्वी 2 मिसाइल के सफलतापूर्वक परीक्षण कइलस । पृथ्वी 2 मिसाइल एगो सतह से सतह पर बैलिस्टिक मिसाइल हs जेकर रेंज 350 किमी बा। जबकि धनुष पृथ्वी मिसाइल के नौसेना संस्करण हs।
  •  2016 : भारतीय सेना के वीर जवान हंगपन दादा के निधन। मरणोपरांत उनका के ‘अशोक चक्र’ से सम्मानित कइल गइल ।
Tags :
Advertisement