For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Meena Kumari Birth Anniversary: चार साल के उमिर से आपन करियर शुरू कइली मीना कुमारी के प्रेम कहानी बहुते दर्दनाक बा

10:13 AM Aug 01, 2024 IST | Khabar Editor
meena kumari birth anniversary  चार साल के उमिर से आपन करियर शुरू कइली मीना कुमारी के प्रेम कहानी बहुते दर्दनाक बा
Advertisement

Advertisement

मीना कुमारी के असली नाम महजबीं बानो हs। मीना कुमारी के नाम आवे पर काजल से भरल बड़- बड़ आँख आ सुन्दर चेहरा दिमाग में आवेला। मीना अपना समय के सबसे बढ़िया अभिनेत्री रहली आ बहुत बढ़िया कवि भी रहली। मीना कुमारी कई गो शानदार फिलिमन में काम कइली। आज भी मीना के लोकप्रिय रूप से ट्रेजेडी क्वीन के नाम से जानल जाला। इनके भारतीय सिनेमा के इतिहास के बेहतरीन आ महान अभिनेत्री लोग में गिनल जाला। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मीना मात्र 4 साल के उमर से अभिनय शुरू क देली। 33 साल के फिल्मी कैरियर में मीना 90 से अधिका फिलिमन में शानदार अभिनय से लोग के दिल जीत लिहली।

मीना कुमारी के असली नाम महजबीं बानो हs। मीना कुमारी के नाम जब दिमाग में आवेला तs सबसे पहिले काजल से भरल बड़- बड़ आंख आ सुन्दर चेहरा आवेला। मीना अपना समय के सबसे बढ़िया अभिनेत्री रहली आ बहुत बढ़िया कवि भी रहली। मीना कुमारी कई गो शानदार फिलिमन में काम कइली। आज भी मीना के लोकप्रिय रूप से ट्रेजेडी क्वीन के नाम से जानल जाला। इनके भारतीय सिनेमा के इतिहास के बेहतरीन आ महान अभिनेत्री लोग में गिनल जाला। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मीना मात्र 4 साल के उमर से अभिनय शुरू कs देली। 33 साल के फिल्मी कैरियर में मीना 90 से अधिका फिलिमन में शानदार अभिनय से लोग के दिल जीत लिहली।

 मीना के जन्म के बाद अनाथालय छोड़ दिहल गइल रहे !

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मीना कुमारी के जनम 1 अगस्त 1933 के महजबी बानो नाम से अली बक्स आ इकबाल बेगम के घरे भइल रहे। मीना के जनम उनकर बाबूजी के बिल्कुल पसंद ना रहे, काहे कि अली बक्स के बेटा के चाह रहे। मीना के जनम के बाद उनका के एगो अनाथालय में छोड़ दिहल गइल, बाकी कुछ घंटा बाद ऊ लोग आपन मन बदल के उनका के वापस घरे ले गइले। ऊ अली आ इकबाल के दूसरकी बेटी रहली आ दू गो अउरी बहिन रहली। बड़की के नाम खुर्शीद जूनियर आ छोटका के नाम महालिका रहे।

मीना के पहिला फिलिम खातिर महज 25 रुपिया मिलल

मीना कुमारी के कबो फिल्म के शौक ना रहे, ना ऊ कबो फिल्म में अभिनय करे के सोचली काहे कि शुरू से ही मीना के स्कूल जाए आ पढ़ाई कइल बहुत पसंद रहे। एकरा बावजूद उनकर माई-बाबूजी उनका के काम के मौका खातीर फिल्म स्टूडियो में ले जास। फिल्म ‘लेदरफेस’ में निर्देशक विजय भट्ट मीना के कास्ट कइले रहले आ काम के पहिला दिने उनका के 25 रुपिया दिहल गइल । मतलब मीना के पहिला फिल्म के कमाई महज 25 रुपया रहे।

मीना आपन पहिला फिलिम चार साल के उमिर में कइली

‘लेदरफेस’ 1939 में रिलीज भइल रहे। मीना ई फिलिम तब कइले रहली जब ऊ महज 4 साल के रहली। फिल्म के बाद मीना के स्कूल में भर्ती करावल गइल, बाकी फिल्म में काम के चलते मीना के बहुत बेर क्लास छोड़े के पड़ल। मीना के पिता मास्टर अली बक्स सुन्नी मुसलमान रहले जे भेरा (अब पाकिस्तान में) से पलायन कs के आइल रहले। पारसी रंगमंच के दिग्गज रहलें, हारमोनियम बजावत रहलें, उर्दू कविता लिखलें, संगीत के रचना कइलें आ कुछ फिलिमन में छोट-छोट भूमिका तक निभवले रहलें। कुमारी के महतारी इकबाल बेगम, जिनकर मूल नाम प्रभावती देवी रहे, एगो ईसाई रहली जे बियाह के बाद इस्लाम अपना लिहली। इकबाल बेगम अली बक्स के दूसरकी पत्नी रहली। अली बक्स से मिले आ बियाह करे से पहिले ऊ एगो मंच अभिनेत्री रहली आ कहल जात रहे कि ऊ बंगाल के टैगोर परिवार के हई।

विजय भट्ट मीना के नाम ‘बेबी मीना’ रखले रहले।

मीना कुमारी शुरू में अधिकतर विजय भट्ट के प्रोडक्शन में काम कइली जवना में लेदर फेस, अधुरी कहानी, पूजा आ एक ही भूल जइसन फिलिमन शामिल रहे. विजय भट्ट ही रहलें जे 'एक ही भूल' फिल्म के दौरान महजाबीन बानो यानी मानी कुमारी के नाम बदल के "बेबी मीना" कर दिहलें। रामनिक प्रोडक्शन के फिल्म ‘बच्चों का खेल’ मीना कुमारी के नाम पर कास्ट कइल गइल। मीना कुमारी के जिनगी में सबसे बड़ झटका उनका महतारी के मौत रहे, जेकर निधन 25 मार्च 1947 के हो गइल रहे। अभिनय के साथे-साथे मीना कई गो फिलिमन में गीत भी गवली, जवना में ‘दुनिया एक सराय’, ‘पिया घर आजा’ आ ‘बिछाड़े बलम’ शामिल बा। 1940 के दशक के अंत तक उनकर ध्यान पौराणिक भा फंतासी फिलिमन के ओर चल गइल रहे। मीना के असली पहचान फिल्म ‘बैजू बावरा’ से मिलल बा।

मीना लिवर सिरोसिस से पीड़ित रहली, प्रेम अधूरा रहे।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, साल 1968 में मीना कुमारी के पता चलल कि ऊ लिवर सिरोसिस से पीड़ित बाड़ी। इनके निधन 31 मार्च 1972 के भइल। उनका निधन के बाद अभिनेत्री नरगिस दत्त, जवन कि उनकर बहुत करीबी दोस्त रहली, उनका के एगो चिट्ठी लिखली। एतने ना, मीना के अंतिम संस्कार के खर्चा नरगिस से उठावे वाला रहे। बतावल जाता कि जब मीना के अस्पताल के खर्चा सीमा से बाहर बढ़ गइल रहे तs उनकर पूर्व पति कमल अमरोही लापता हो गइले। कहल जाला कि मीना कुमारी के जीवन में धर्मेंद्र के एगो खास स्थान रहे। मीना के धर्मेन्द्र के पसंद आ गइल रहले ,बाकी गलतफहमी के चलते दुनो के बीच तनाव पैदा हो गइल, जवना के बाद मीना बेमार होखे लगली।

Tags :
Advertisement