For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आधे से ज्यादा खाली सीट के साथे दौड़ रहल बिया मेरठ-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस

11:16 AM Sep 25, 2024 IST | Sonu Kishor
आधे से ज्यादा खाली सीट के साथे दौड़ रहल बिया मेरठ लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस
वंदे भारत - फोटो : ANI
Advertisement

ऑक्यूपेंसी के मामला में देश भर में अलग-अलग रूट पs चले वाली 60 वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन में 22490 मेरठ-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस 56वां स्थान पs बा। एह ट्रेन के संचालन एक सितंबर से शुरू हो गइल बा। जबकि 26 मई से चलावल 22545 लखनऊ-देहरादून वंदे भारत एक्सप्रेस 31वां स्थान पs बा। इ दुनो ट्रेन बरेली के रास्ता से चलेले।

Advertisement

मेरठ-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस आधा से अधिका खाली चल रहल बा। कुल 60 में से 17 ट्रेन में 100% सीट बुक हो रहल बा। औसतन लखनऊ-देहरादून वंदे भारत एक्सप्रेस के चेयर कार क्लास के 474 सीट में से 88.4 प्रतिशत सीट बुक हो रहल बा आ 55 सीट खाली बा। मेरठ-लखनऊ वंदे भारत एक्सप्रेस में मात्र 24 प्रतिशत सीट बुक हो रहल बा।

इ ट्रेन रोजाना औसतन 360 सीट के संगे चलत बिया। मेरठ-लखनऊ वंदे भारत यात्री पसंद के मामला में बहुत पिछे बिया। अधिकारी लोग के कहनाम बा कि एह ट्रेन के विस्तार प विचार कइल जाता। लखनऊ-देहरादून वंदे भारत के परफॉर्मेंस ठीक मानल जात बा।

अन्य ट्रेन इस्थिति के बारे में

यूपी से गुजरत 22458 देहरादून-आनंद विहार, 22345 पटना-लखनऊ, 20887 रांची-वाराणसी वंदे भारत में 100 प्रतिशत सीट बुक हो रहल बा। 22439 नई दिल्ली-कतरा, 22426 आनंद विहार-अयोध्या, 22436 नई दिल्ली-वाराणसी वंदे भारत में 90 से 99 प्रतिशत सीट बुक हो रहल बा।

लखनऊ-देहरादून वंदे भारत के मुक़ाबले सिर्फ 13 ट्रेन बा, जवना में 88 प्रतिशत से जादे सीट बुक हो रहल बा। हालही में शुरु भइल 20829 उदयपुर-आगरा वंदे भारत में महज 17 फीसदी सीट बुक हो रहल बा। 22415 वाराणसी-नई दिल्ली में 40 प्रतिशत से अधिका सीट आ 22500 वाराणसी-देवघर वंदे भारत में 70 प्रतिशत सीट बुक हो रहल बा।

इ बा कारण

22453 राज्यरानी एक्सप्रेस, 14242 नौचंदी एक्सप्रेस मेरठ से लखनऊ तक रोजाना चलेले। वंदे भारत एक्सप्रेस मंगर के छोड़ के सप्ताह में 6 दिन चलेले। वंदे भारत एक्सप्रेस में 7:10 घंटा, राज्यरानी एक्सप्रेस 8 आ नौचंदी एक्सप्रेस में 9:10 घंटा लागेला एह दूरी के पार करे में।

वंदे भारत आ राज्यरानी के यात्रा समय में मात्र 50 मिनट के अंतर बा। वंदे भारत में चेयरकार के किराया 1355 रुपया बा, जबकि राज्यरानी एक्सप्रेस में चेयरकार के किराया 645 रुपया बा। अइसना में यात्री वंदे भारत के जगह राज्यरानी के जादा महत्व दे रहल बाड़े।

Tags :
Advertisement