For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बिहार में टलल रेल हादसा; मेमू भइल बेपटरी, रेलकर्मी बतावल लो वजह

12:37 PM Jun 11, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार में टलल रेल हादसा  मेमू भइल बेपटरी  रेलकर्मी बतावल लो वजह
Advertisement

बिहार में एक बार फेर एगो बड़ रेल हादसा होत-होत बच गइल। घटना जमुई जिला के झाझा दादपुर मुख्य रेलखंड के हs, जहां सटिंग हो रहल ईएमयू गाड़ी बड़ दुघर्टना से बाल-बाल बच गइल।

Advertisement

पटरी छोड़ खेत में उतरल ट्रेन 

एह संबंध में रेलकर्मियन के कहनाम बा कि मेमू कारशेड से रख- रखाव के लेके सटिंग खातिर ट्रेन चालक ईएमयू गाड़ी के शेड से लेके निकलल। स्टेशन से मात्र एक किलोमीटर पहिले खलासी मुहल्ला के लगे पोल संख्या 367/32-67 के बीच मेमू ठहराव स्थल पs पहुंचल, बाकिर तबे अचानक मेमू गाड़ी पटरी से आगे बढ़ गइल। जेमे चालक से सटल कोच पटरी से उतरके घर के तरफ लटक गइल।

जवना जगह पs गाड़ी बेपटरी होके लुढ़कल, ओह जगहs पs नीचे लगभग 15 फीट गहराई पs आसपास घर बनल रहे। ट्रेन के बेपटरी होत देख आसपास के लोग अपना घर के छोड़के भागे लागल। गनीमत रहल कि गाड़ी खाली जमीने पs रुक गइल, जवना से आज एगो बड़ दुघर्टना होखे से टल गइल।

ब्रेक फेल भइला से भइल हादसा

एने मेमू गाड़ी के कोच के बेपटरी होखे के जानकारी आसपास के लोगन के लागल तs लोग हो हल्ला मचावे लागल। रेलवे लाइन से सटल एगो मकान में रहे वाला जुवक बतवलें कि हम अपना छत पs बइठके गाड़ी के आवत देखननी। अचानके ऊ रेलवे लाइन से आगे होके लटक गइल। ओहिजा, मेमू गाड़ी के सटिंग कs रहल दानापुर डिवीजन के चालक आदर्श अंतश बतवलें कि मेमू कारशेड में दु नंबर में गाड़ी रहे आ शेड में प्रेशर बनाके गाड़ी लेके आगे बढ़नू, तबे अचानके ब्रेक फेल हो गइल आ गाड़ी बेपटरी हो गइल।

चालक बतवलें कि एमे एगो प्रेशर लागल भइल रहे आ एकर ब्रेक फैल हो गइल। एने ईएमयू गाड़ी के बेपटरी होखे  के खबर मेमू कारशेड के पदाधिकारी के मिलल। एकरा बाद शेड के पदाधिकारी आ कर्मी मवका पs पहुंच गइल लो आ गाड़ी के उठावे के प्रयास में जुट गइल।

Tags :
Advertisement