For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Meta AI: भारतो में लॉन्च भइल मेटा एआई, अब गूगल आ चैटजीपीटी के बढ़ी मुसीबत

11:59 AM Jun 24, 2024 IST | Sonu Kishor
meta ai  भारतो में लॉन्च भइल मेटा एआई  अब गूगल आ चैटजीपीटी के बढ़ी मुसीबत
Advertisement

Meta AI के इस्तेमाल रउआ फीड, चैट के अलावा कई गो एप्स में कर सकऽ तानीं एकरा मदद से रउआ कंटेंटो बना सकऽ तानी। एकरा अलावा गणित के सवालो एकरा से पूछ सकऽ तानी। Meta AI के सीधा मुकाबला गूगल जेमिनी आ ओपनएआई के चैटजीपीटी से बा।

Advertisement

मेटा अपना एआई टूल Meta AI के भारतो में लॉन्च कऽ देले बा। एकरा पहिले ई टूल अमेरिका जइसन कई गो देशन में लाइव रहे। Meta AI ओपनएआई के चैटटूल चैटजीपीटी खानी बा। Meta AI से रउआ तमाम तरह के सवाल पूछ सकऽ तानी। एकरा अलावा एकरा से एआई इमेजो बनवा सकऽ तानी। Meta AI के सपोर्ट फेसबुक, व्हाट्सएप, इंस्टाग्राम आ meta.ai खातिर जारी कइल गइल बा।

Meta AI के Meta Llama 3 के सपोर्ट के साथे बनावल गइल बा जवन कि मेटा के सबसे एडवांस लार्ज लैंग्वेज मॉडल (LLM) बा। Meta AI के इस्तेमाल फीड, चैट के अलावा कई हो एप्स में कइल जा सकऽता। एकरा मदद से कंटेंटो बनावल जा सकऽता। एकरा अलावा गणित के सवालो एकरा से पूछ सकऽत बानी।

जदि रउआ कंप्यूटर से एकरा के एक्सेस कइल चाहऽ तानी तऽ रउआ meta.ai पs जाए के होई आ ओकरा बाद फेसबुक आईडी से लॉगिन करे के होई। फिलहाल खाली Meta AI के इस्तेमाल फेसबुक यूजरे कऽ सकत बाड़न। Meta AI के सीधा मोकाबला गूगल जेमिनी आ ओपनएआई के चैटजीपीटी से बा।

कंपनी लॉगिन खातिर फेसबुक के अलावा कवनो ऑप्शन नइखे देले। हालांकि हमनी जब इस्तेमाल करने के कोशिश कइनी तऽ मैसेज मिलल Meta AI फिलहाल भारत में उपलब्ध नइखे। Meta AI के भारत में लॉन्च होखे के जानकारी कंपनी प्रेस रिलीज के जरिए देले बिया।

Tags :
Advertisement