For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

MI vs KKR: ' एकरा बारे में हमरा अबके पता चलल…’, मुंबई के रौंदला के बाद कप्तान Shreyas Iyer काहे कहले अइसन ?

10:24 AM May 04, 2024 IST | Sonu Kishor
mi vs kkr    एकरा बारे में हमरा अबके पता चलल…’  मुंबई के रौंदला के बाद कप्तान shreyas iyer काहे कहले अइसन
Advertisement

MI vs KKR: वानखेड़े के मैदान पऽ कोलकाता नाइट राइडर्स 12 साल बाद मुंबई इंडियंस के पटखनी देलस। आईपीएल 2024 के 51वां मैच में केकेआर  मुंबई के 24 रन से हरवलस आ आपन लगातार तीसरका जीत दर्ज कइलस। एह हार के बाद मुंबई इंडियंस आईपीएल 2024 के प्लेऑफ से लगभग बाहर हो गइल बिया। अइसे में जानल जाव मुंबई पs मिलल जीत के बाद कप्तान श्रेयस अय्यर का कहले?

Advertisement

कोलकाता नाइट राइडर्स (KKR) आईपीएल 2024 के 51वां मैच में मुंबई इंडियंस (MI) के 24 रन से पटखनी देलस। एह मुकाबला में मिलल जीत के बाद केकेआर के टीम के लगे 14 अंक हो गइल। केकेआर 12 साल बाद वानखेड़े में मुंबई इंडियंस के हरवलस आ एगो शानदार जीत हासिल कइलस। केकेआर के तरफ से मिचेल स्टार्क रियल हीरो बन के उभरले, जे आखिरी के ओवर में तीन विकेट झटकले आ मुंबई इंडियंस के टीम के ढेर कइले।

एह मैच में मिलल जीत के बाद केकेआर के कप्तान श्रेयस अय्यर काफी खुश नजर अइले। उऽ मैच में मिलला जीत के बाद का कहले आई जानल जाव ?

Shreyas Iyer केकेआर के लगातार तीसरका जीत के बाद का कहले ?

दरअसल, कोलकाता नाइट राइडर्स के कप्तान श्रेयस अय्यर मुंबई इंडियंस से मिलल मैच में जीत के बाद कहले कि अबही स्टार्क से बातचीत होत रहे आ उऽ बतवले कि ई मैच हमरा खातिर कतना जरूरी रहे। जदि हम एकरा के हार जइती तऽ चार में से दू गो मैच हमनी क जीते के पड़ित।

Shreyas Iyer जीतला के बाद ई खिलाड़ियन के जमके कइले तारीफ

कोलकाता नाइट राइडर्स मुंबई इंडियंस के वानखेड़े में 12 साल बाद हरवलस। एकरा के लेके अय्यर पोस्ट मैच प्रेजेंटेशन के दौरान कहले कि ई हमरा खातिर एगो खूबसूरत जीत रहल। उम्मीद बा कि हमनी एकरा के संजो के राखब, बाकिर एक दिन बादो हमार मैच बा, एहिसे हम ओह तरे के जश्न ना मना पवनी।

बैटिंग करते घरी केकेआर के टीम 57 रन के स्कोर पs आपन 5 विकेट गंवा देले रहे। एकरा बाद मनीष पांडे वेंकटेश अय्यर के साथे मिल के 169 रन के साझेदारी कइलस आ केकेआर के 169 रन के स्कोर बनावे में मदद कइलस। मनीष पांडे के बल्ला से 42 रन आ वेंकटेश के बल्ला 70 रन निकलल। एकरा के लेके अय्यर कहले कि पांडे पहिला दिन से मौका के तलाश में रहले आ आखिरकार उनका ई मौका मिल गइल।

केकेआर के कप्तान एही दौरान सुनील नरेन आ वरुण चक्रवर्ती के जमकर तारीफ कइले, जे 8 ओवर में 44 रन देके 4 विकेट हासिल कइले।

अय्यर आगे कहले कि निश्चित रूप से, ई प्रभावी खिलाड़ी (मनीष पांडे) नियम के साथे, ई हमनी के एह खेल में मदद कइले बाड़े। मनीष पहिला दिन से एगो अवसर के तलाश में रहले। आज उनका ई मिल गइल। हमनी एगो सराहनीय स्कोर हासिल कइनी। हमरा लइकन से इहे कहे के बा कि हमनी कर सकत बानी हमनी के गेंदबाजी लाइनअप के साथे एकर बचाव करस।

KKR vs MI: केकेआर में मुंबई इंडियंस के 24 रन से हरवलस 

केकेआर के खिलाफ मुंबई इंडियंस टॉस जीत के गेंदबाजी चुनलस। कोलकाता के टीम पहिले बैटिंग करत घरी  19.5 ओवर में 169 रन पs ऑलआउट हो गइल। एकरा जवाब में मुंबई 18.5 ओवर में 145 रन पs ऑलआउट भइल आ ई मैच केकेआर 24 रन से जीत लेलस। केकेआर के तरफ से मैच में मिचेल स्टार्क मैच में 4 विकेट झटकले, जबकि वरुण चक्रवर्ती, सुनील नरेन आ आंद्रे रसेल के 2-2 विकेट मिलल।

Tags :
Advertisement