For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ईरान के गांव में पड़ल धरती के सबसे भीषण गर्मी! 82.2 डिग्री सेल्सियस पहुंचल ताप सूचकांक

11:06 AM Sep 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ईरान के गांव में पड़ल धरती के सबसे भीषण गर्मी  82 2 डिग्री सेल्सियस पहुंचल ताप सूचकांक
Advertisement

ईरान के एगो गांव जल रहल बा! इहां मौसम केंद्र 28 अगस्त के 82.2 डिग्री सेल्सियस ताप सूचकांक दर्ज कइलस। जदि ई सांच बा तs ई धरती के सबसे जादे दर्ज कइल गइल हीट इंडेक्स बन जाई। अमेरिकी मौसम विज्ञानी कॉलिन मैकार्थी अपना आधिकारिक एक्स अकाउंट पs ई जानकारी साझा कइलें। हालांकि, ऊ एह पर संदेहो व्यक्त कइलें। ऊ एकर आधिकारिक जांच के जरूरत पs बल देलें।

Advertisement

मौसम विज्ञानियन के बढ़ल चिंता

ईरान के दक्षिणी तट पs डेरेस्टन हवाई अड्डा के लगे इस्थित मौसम केंद्र 28 अगस्त के 180 फॉरेनहाइट डिग्री (82.2°C) के ताप सूचकांक आ 97 फॉरेनहाइट डिग्री (36.1°C) के ओस बिंदु दर्ज कइल। ई खबर समूचा दुनिया के मौसम विज्ञानियन के चिंता बढ़ा देले बा।

साभार: दैनिक जागरण

का होला ओस बिंदु?

ओस बिंदु ऊ तापमान बा, जहां हवा नमी के रोक ना पावेला। जानकारी के मोताबिक 40 से 54 डिग्री सेल्सियस के हीट इंडेक्स वाला तापमान में बहुत लमहर समय तक रहला से हीटस्ट्रोक के खतरा बढ़ जात बा।

पश्चिम एशिया में हीटवेव बढ़वलस चिंता

अमेरिकी मौसम विज्ञानी मैकार्थी के मोताबिक पश्चिम एशिया में चिंताजनक हीटवेव जारी बा। सऊदी अरब के धाहरन में इस्थित एगो मौसम स्टेशन 93°F (33.9C) तक के ओस बिंदु दर्ज कइल गइल बा। पश्चिम एशिया के कइयन क्षेत्रन में तापमान 50 डिग्री सेल्सियस तक पहुंच गइल बा।

Tags :
Advertisement