For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ईरान पs इजरायल के बड़ हमला, तीन देसन में सब उड़ान रद, अब बदला के तइयारी में जुटल तेहरान

09:54 AM Oct 26, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
ईरान पs इजरायल के बड़ हमला  तीन देसन में सब उड़ान रद  अब बदला के तइयारी में जुटल तेहरान
ईरान पs इजरायल के हमला। (फोटो- सोशल मीडिया)
Advertisement

इजरायल ईरान पs बड़ हमला बोलले बा। ईरान के राजधानी तेहरान आ अगल-बगल इस्थित सैन्य ठिकानन पs भीषण धमाकन के आवाज आइल बा। एक अक्टूबर के ईरान इजरायल पs लगभग 200 बैलेस्टिक मिसाइलन से हमला कइले रहे। इजरायल एह हमला के बदला लेवे के बात कहले रहे। पिछला छव महीना में ईरान इजरायल पs दु बेर हमला कs चुकल बा। ओने, सीरिया, इराक आ ईरान अगिला सूचना तक सब उड़ानन के स्थगित कs दिहल गइल बा।

Advertisement

हमला के जवाब देवे के अधिकार: इजरायल

इजरायल के सेना कहलें कि इजरायल के खिलाफ महीनन से लगातार जारी ईरानी हमलन के जवाब में अब इजरायल रक्षा बल तेहरान में सैन्य ठिकानन पs सटीक हमला कs रहल बा। सेना कहलस कि इजरायल के तेहरान आ ओकरा प्रॉक्सी के हमलन के जवाब देवे के अधिकार बा।

दर्जनन लड़ाकू विमानन से हमला

इजरायली मीडिया के मोताबिक दर्जनन लड़ाकू विमानन से इजरायल ईरान पs हमला कइले बा। एनबीसी न्यूज आ एबीसी न्यूज एगो इजरायली अधिकारी के हवाला देत बतवलें कि ऊर्जा अवसंरचना आ परमाणु संयंत्रन के निशाना नइखे बनावल गइल।

ईरान हमलन के कमतर अंकलस 

ईरानी फार्स समाचार एजेंसी कहलस कि तेहरान के पश्चिम आ दक्षिण-पश्चिम में कइयन सैन्य ठिकानन के इजरायल निशाना बनावल गइल बा। ईरानी सरकारी मीडिया बतवलस कि तेहरान आ आसपास जोरदार धमाकन के आवाज सुनल गइल। हालांकि ईरानी मीडिया हमलन के कमतर बतवले बा। ईरान के तस्नीम समाचार एजेंसी सूत्रन के हवाले से बतवलस कि ईरान इजरायल पs बदला के कार्रवाई करी। ईरान के सेना पूरा तरे से तइयार बा।

तस्नीम समाचार एजेंसी कहलस कि इस्लामिक रिवोल्यूशनरी गार्ड कॉर्प्स के ठिकानन पs हमला कइल गइल। हालांकि कवनो नुकसान ना भइल। सरकारी टीवी तेहरान के इमाम खुमैनी अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के फुटेज जारी कइलस। एमे यात्री अपना फ्लाइट्स से उतरत दिख रहल बा लो।

सीरियो पs हमला

सीरियाई सरकारी समाचार एजेंसी सना के रिपोर्ट के मोताबिक सनीचर के सबेरे इजरायल सीरिया के मध्य आ दक्षिणी हिस्सन में कुछ सैन्य ठिकानन पs एयर स्ट्राइक कइलस। हालांकि, इजरायल सीरिया पs हमला करे के पुष्टि नइखे कइलें।

ऑपरेशन पs नेतन्याहू के निगाह

इजराइल के प्रधानमंत्री प्रधानमंत्री बेंजामिन नेतन्याहू आ रक्षा मंत्री योआव गैलेंट तेल अवीव में सेना के कमांड आउर नियंत्रण केंद्र में ऑपरेशन पs बारीकी से नजर रख रहल बा। एगो अमेरिकी अधिकारी रॉयटर्स के बतवलस कि ईरान पs हमलन से पहिले इजराइल अमेरिका के सूचित कइले बा। बाकी ऑपरेशन में अमेरिका सामिल नइखे।

हमनी के समझत बानी सs कि इजराइल आत्मरक्षा आ एक अक्टूबर के इजराइल पs ईरान के बैलिस्टिक मिसाइलन से हमला के जवाब में तेहरान के सैन्य ठिकानन पs हमला कs रहल बा। - सीन सेवेट, प्रवक्ता, व्हाइट हाउस नेशनल सिक्योरिटी काउंसिल।

Tags :
Advertisement