टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हिजबुल्लाह इजरायल पs दाग दिहलस 50 रॉकेट, कमांडर 'फुआद शुक्र' के मारल जाए के लिहलस बदला

09:41 AM Aug 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

हमास प्रमुख इस्माइल हानिया के हत्या के बाद मध्य पूर्व में तनाव पहिले से अधिका बढ़ गइल बा. इजरायल के एके साथे कई गो मोर्चा पs टकराव के सामना करे के पड़त बा. मध्य पूर्व में बढ़त तनाव के बीच हिजबुल्लाह अतवार के दिने दक्षिणी लेबनान से इजरायल के ओर करीब पचास गो रॉकेट चला दिहलस. ईरान समर्थित समूह हिजबुल्लाह के कहल बा कि उत्तरी इजरायल के बेत हिलेल पs ओकर हमला लेबनान के कफार केला आ डेर सिरियाने पs इजरायल के हमला के जवाब हs.

लेबनान फुआद शुक्र के हत्या के बदला लेत बा

लेबनान दावा कइले रहुवे कि कफार केला आ डेर सिरियाने में इजरायली हमला से ओकर बहुते नागरिक घवाहिल हो गइल बाड़े. मंगल के साँझ इजरायली हवाई हमला में हिजबुल्लाह के शीर्ष कमांडर फुआद शुक्र के मउत भी हो गइल.

हिजबुल्लाह 50 गो रॉकेट दगलस

इजरायल वार रूम एह हवाई हमला के वीडियो सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs पोस्ट कईले बा। एह वीडियो के साथे इहो लिखल गइल बा कि उत्तरी इजरायल में रॉकेट हमला के आयरन डोम रोक दिहले बा. इहे उहे हवाई हमला हs जवन कि वीडियो में देखल गईल बा, जवन लेबनान के हिजबुल्लाह के ओर से कईल गईल बा। इजरायल आयरन डोम से एह हवाई हमला के रोक रहल बा.

 

 

Tags :
around-the-worldCrime NewsIsraelLebanonMiddle EastNational and international newsRocket Attack
Advertisement
Next Article