For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

करोड़पति भोजपुरी एक्ट्रेस, 'वादा' ना निभावे पड़ल महंगा, जेल के रोटी खाए पड़ी

11:12 AM Sep 11, 2024 IST | Sonu Kishor
करोड़पति भोजपुरी एक्ट्रेस   वादा  ना निभावे पड़ल महंगा  जेल के रोटी खाए पड़ी
फोटो साभार- @singhakshara/Instagram
Advertisement

खगड़िया कोर्ट अक्षरा सिंह के खिलाफ गैर जमानत वारंट जारी कइले बिया। असल में उऽ साल 2018 में एगो वादा कइले रहली, जवना के उऽ पूरा ना कइली आ मामला कोर्ट तक पहुंच गइल। ई पूरा बात का बा बता दीं कि अक्षरा सिंह केतना करोड़ के मालिक हई।

Advertisement

साल 2010 में ई अभिनेत्री इंडस्ट्री में उतरली आ अपना अभिनय से ना बलुक आवाज से लोग के हैरान कऽ दिहली। महज 33 साल के उमिर में उऽ अतना धन कमा लिहले बाड़न जवना के कमाए में भोजपुरिया सितारन के बरिसन लागेला। उनकर मेहनत अइसन बा कि आज भोजपुरी सिनेमा के सबसे अमीर अभिनेत्रियन में गिनल जाला। ई अभिनेत्री आ गायिका कवनो दोसर ना बलुक अक्षरा सिंह हई जे ए घरी मुसीबत में फंसल बाड़ी आ ओकरा पीछे के कारण बा कि उऽ कइल ‘वादा’ जवना के उऽ पूरा ना कइली।

सोशल मीडिया के सनसनी अक्षरा सिंह करोड़ों के धन के मालिक हई। खबर के मुताबिक उनकर संपत्ति करीब 50-55 करोड़ रूपिया बा। एमें उनका फिलिमन से मिलल कमाई के साथे साथ गायन आ मंच पs प्रस्तुति से मिलल भारी पइसा शामिल बा। अक्षरा सिंह एगो फिल्म खातिर 15 से 20 लाख रुपिया लेत बाड़ी। एकरा संगे-संगे उऽ कवनो मंच के प्रस्तुति खातिर करीब तीन से पांच लाख रूपिया के शुल्क लेवेली।

अक्षरा लक्जरी लाइफस्टाइल जियेली आ एकर झलक उनका इंस्टाग्राम पs दिखाई देला। रिपोर्ट्स के मानल जाव तऽ अक्षरा अपना परिवार के साथ मुंबई में इस्थित आलीशान घर में रहेली, जवना के कीमत करोड़ों में बा। एकरा अलावा उनका लगे पटनो में लग्जरी घर बा।

अक्षरा सिंह के महंगा कार आ बाइक्स के शौक राखेली। उनका कार कलेक्शन में कई गो महंगा कार शामिल बा, जवना मे फॉर्च्यूनर आ स्कॉर्पियो जइसन कार शामिल बाड़ी सन। एकरा अलावा उनका बाइक कलेक्शनो शानदार बा।

भोजपुरी इंडस्ट्री के हाईएस्ट पेड एक्ट्रेसेस में से एगो अक्षरा बिग बॉस आ कई म्यूजिक वीडियो में काम कइले बाड़ी। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक एक्ट्रेस के नेट वर्थ करीब 50-60 करोड़ रूपिया बा।

अब बता दीं कि कवन बात बा, जवना के चलते उनका जेल जाए के पड़ सकऽता। दरअसल, 2018 में खगड़िया के जेएनकेटी मैदान में शहीद के नाम पs एगो कार्यक्रम के आयोजन भइल रहे, जवना खातिर बहुत चंदा जुटावल गइल रहे। अक्षरा सिंह के एह कार्यक्रम में भाग लेवे के रहे, बाकिर उऽ ना अइली। जब अक्षरा सिंह ना अइली त भारी बवाल मच गइल।

ए मामला में मानसी निवासी गंगा के टेंट संचालक शुभम कुमार सिविल कोर्ट में शिकायत केस दर्ज करवले रहले कि उनकर बहुत नुकसान भइल। मामला के सुनवाई के दौरान न्यायिक मजिस्ट्रेट प्रथम श्रेणी सुश्री हिम शिखा मिश्रा मामला के सही पा के अक्षरा सिंह पs गैर जमानत वारंट जारी करे के आदेश देले बाड़ी। अक्षरा सिंह के गिरफ्तारी के आदेश जारी हो गइल बा, एहीसे अब अक्षरा सिंह के परेशानी बढ़त देखाई देता।

अक्षरा सिंह के गिरफ्तारी के आदेश जारी हो गइल बा। उनुका मुंबई पता पs गैर जमानत वारंट भेजल गइल बा। जानकारी के मुताबिक अक्षरा सिंह के वकील एकरा से पहिले खगड़िया अदालत में प्रत्याशित जमानत आवेदन देले रहले, जवना के एडीजे पंचम के अदालत खारिज कऽ देले रहे।

Tags :
Advertisement