For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Nitish Kumar: नीतीश कुमार के मंत्री के आइल गुस्सा, अधिकारी से कहलें- जादे अंग्रेजी मत पढ़ावs, हम मूरख बानी का

10:21 AM Jul 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
nitish kumar  नीतीश कुमार के मंत्री के आइल गुस्सा  अधिकारी से कहलें  जादे अंग्रेजी मत पढ़ावs  हम मूरख बानी का
Advertisement

विकास भवन सभागार में बियफे के राजस्व आ भूमि सुधार सह प्रभारी मंत्री डॉ. दिलीप कुमार जायसवाल के अध्यक्षता में जनकल्याणकारी योजनन के समीक्षा बइठक भइल। एह दौरान निबंधन आ मद्य निषेध मंत्री रत्नेश सादा मवजूद रहस। समीक्षा के दौरान मंत्री शिक्षा, स्वास्थ्य पीएचईडी के काम पs बहुते नाराजगी जतवलें।

Advertisement

जिला शिक्षा पदाधिकारी (डीईओ) के ओर से सही तरीका से रिपोर्ट ना दिहल गइला पs मंत्री रत्नेश सादा हस्तक्षेप करत कहलें कि डीईओ साहब हमनी के मूर्ख आदमी बानी सs का। अंग्रेजी के पाठ मत पढ़ावs, हिंदी में क्रियाकलाप के सही जानकारी दs।

प्रभारी मंत्रियों जतवलें नाराजगी

प्रभारी मंत्रियों डीईओ अनिल कुमार के रिपोर्टिंग पs नाराजगी व्यक्त कइलें आ बीच बैठक में उनका के निकाल देलें।

'कार्यपालक अभियंता के खोजके ले आईं'

ऊ कहलें कि जाईं कार्यपालक अभियंता के खोजके ले आईं। मंत्री शिक्षा विभाग से संबंधित कामन के समीक्षा के क्रम में बाकी बचल पाठ्य पुस्तक वितरण कार्य के तुरंत पूरा करे, जिला में समेकित रूप से संचालित 12 कस्तूरबा गांधी बालिका विद्यालयन के सुचारू संचालन, संचालित विद्यार्थी हितकारी योजनन के क्रियान्वयन के निरदेस देलें।

बैठक में आउर का भइल?

जिला शिक्षा पदाधिकारी के विद्यालयन के नियमित निरीक्षण के दौरान उपलब्ध मूलभूत संसाधन आ नया बनल संरचना के भौतिक सत्यापन के निरदेस दिहल गइल बा। वन प्रमंडल के ओर से अब तक कइल कामन के समीक्षा के दौरान लगावल गइल पवधन के खिलाफ ओकर उतरजीविका के सत्यापन के निरदेस दिहल गइल।

श्रम संसाधन कार्यालय के उपलब्ध श्रम प्रवर्तन

पदाधिकारियन से सुस्पष्ट कार्ययोजना के आधार पs काम लेवे के निरदेस दिहल गइल बा। लोक स्वास्थ्य अभियंत्रण विभाग के ओर से जानकारी दिहल गइल कि 151 पंचायतन के 1726 वार्डन में नल जल योजना पूर्ण कs लिहल गइल बा। मंत्री पीएचईडी के कार्यपालक अभियंता के पानी के गुणवत्ता के जांच नियमित अंतराल पs करावे के निरदेस दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement