टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के नाव पs बिहार के मंत्री के दिहल गइल धमकी, पुलिस आरोपी के पकड़लस

12:47 PM Jan 16, 2025 IST | Minee Upadhyay
गैंगस्टर लॉरेंस बिश्नोई के नाव पs बिहार के मंत्री के धमकी
Advertisement

बिहार पुलिस उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला के एगो आदमी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जवन कि गुंडा लॉरेंस बिश्नोई के नाम पs राज्य के श्रम संसाधन मंत्री संतोष कुमार सिंह के धमकी देले रहे। उs मंत्री से 30 लाख रुपया रंगदारी के मांग कईले रहे, पुलिस आरोपी के मोबाइल फोन भी बरामद कईले बिया, जवना के माध्यम से मंत्री के धमकी देवे वाला फोन कईल गईल।

Advertisement

खुद के लॉरेंस बिश्नोई बतवलस
मामला तब सोझा आईल जब मंगल के मंत्री संतोष कुमार सिंह पुलिस शिकायत दर्ज करवले। उs आरोप लगवले कि अपना के गुंडा लॉरेंस बिश्नोई कहे वाला आदमी फोन कs के जान से मारे के धमकी देले। एकरा अलावे उs 30 लाख रुपया रंगदारी के पईसा के मांग भी कईले। घटना के बारे में मंत्री बिहार के पुलिस महानिदेशक के भी जानकारी देले रहले।

आजमगढ़ से पकड़ाइल आरोपी

बिहार पुलिस के ओर से जारी बयान के मुताबिक, "मंत्री से औपचारिक शिकायत मिलला के बाद पुलिस तुरंत टीम बनवलस। तकनीकी सहायता के इस्तेमाल करत पुलिस टीम उत्तर प्रदेश के आजमगढ़ जिला से आरोपी के गिरफ्तार कs लेलस। उनुका लगे से मोबाइल फोन बरामद भईल।" .

हालांकि पुलिस गिरफ्तार आरोपी के नाम सार्वजनिक नईखे कईले।  बिहार पुलिस एs मामला के पूरा तरीका से जांच करतिया अवुरी एकरा से जुड़ल सभ पहलू पs ध्यान दे रहल बिया।  मंत्री संतोष कुमार सिंह एs अपराध के खिलाफ तुरंत कार्रवाई के सराहना करत आरोपी के खिलाफ कड़ा कार्रवाई के मांग कईले बाड़े।

इहो पढ़ीं- Bollywood: घायल सैफ अली खान के 6 जगह वार, 2 जगह गहरा चोट, एह अंग पs घोंपाइल चाकू,अस्पताल से अपडेट

Tags :
bihar newsBihar policeDeath ThreatLawrence Bishnoi
Advertisement
Next Article