टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

उत्तराखंड में बस में नाबालिग से रेप! स्टेशन पऽ बदहवास मिलल बच्ची, ड्राइवर-कंडक्टर समेत 6 गिरफ्तार

01:13 PM Aug 18, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

उत्तराखंड में रोडवेज बस में नाबालिग लइकी के संगे दुष्कर्म के मामला सोझा आइल बा। पुलिस एह मामला में बस चालक समेत 6 लोग के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। इ घटना दिल्ली से उत्तराखंड जाए वाली बस में भइल। पीड़िता के मेडिकल टेस्ट करावल जाता आ पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया।

Advertisement

देहरादून : कोलकाता में डॉक्टर के बलात्कार के खिलाफ देश भर में आक्रोश के बीच उत्तराखंड में बस में बइठल लइकी के संगे बलात्कार के मामला सोझा आइल बा। जानकारी के मुताबिक दिल्ली से उत्तराखंड जाए वाली रोडवेज बस में एगो नाबालिग लइकी के संगे दुष्कर्म भइल। मामला में तुरंत कार्रवाई करत पुलिस बस चालक आ कंडक्टर समेत 6 लोग के गिरफ्तार क लेले बिया। पुलिस मामला के छानबीन में जुटल बिया। पीड़िता के मेडिकल टेस्ट करावल जा रहल बा। उऽ उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद निवासी हई।

12 अगस्त के रात 12.30 बजे दिल्ली से उत्तराखंड पहुंचली। आईएसबीटी इस्थित सरोजिनी सीडब्ल्यूसी के सुपरवाइजर बतवले कि 13 अगस्त के सबेरे 2 बजे से 2.30 बजे के बीच लईकी के बेहोशी के हालत मिलल रहे। ओकर मानसिक हालत ठीक ना रहे। ओकरा शरीर पs कवनो चोट के निशान ना रहे। आंतरिक चोट बा कि ना एकर जानकारी मेडिकल टेस्ट के बाद होई। उऽ बतवले कि लइकी के कल्याण केन्द्र भेजल गइल बा आ पुलिस मामला के छानबीन करतिया।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक एह मामला में एसएसपी के कहनाम बा कि मेडिकल रिपोर्ट के इंतजार बा। बलात्कार के आरोप में बस चालक आ कंडक्टर समेत छह लोग के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। उनका से पूछताछ हो रहल बा। आधा रात में बलात्कार के घटना सोझा आ रहल बा, जवना के बाद लईकी के मानसिक हालत ठीक नइखे। बता दीं कि खुद उत्तराखंड में हाल ही में अस्पताल से घरे लवटत नर्स के संगे बलात्कार के घटना भइल। ओकरा के लूटपाट के बाद हत्या क दिहल गइल।

Tags :
Rape CaseUtrakhandutrakhand Newsutrakhand utrakhand rape caseUttarakhand
Advertisement
Next Article