For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

ताबड़तोड़ फायरिंग से कांप उठल दिल्ली, 24 घंटा में बदमाश कुल तीन जगह पs बरसइले गोली

01:23 PM Sep 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
ताबड़तोड़ फायरिंग से कांप उठल दिल्ली  24 घंटा में बदमाश कुल तीन जगह पs बरसइले गोली
Advertisement

Advertisement

पछिला 24 घंटा में राजधानी दिल्ली के बहुत जगह पs गोलीबारी के चलते जनता में डर के माहौल बन गईल बा। इहाँ पश्चिम दिल्ली के नारायण विहार में एगो वाहन शोरूम में गोलीबारी भईल। एकरा अलावे महिपालपुर में एगो होटल के बहरी फायरिंग के मामला भी सोझा आईल। दिल्ली के नांगलोई इलाका में भी एगो दोकान पs गोलीबारी के मामला सोझा आईल बा। राजधानी दिल्ली में 24 घंटा के भीतर रंगदारी के नाम पs गोलीबारी के तीन मामला दर्ज होखला के बाद दहशत के माहौल बन गईल बा। पुलिस के कहनाम बा कि एs मामला के जांच हो रहल बा।

नारायण विहार में पहिला मामला

असल में पहिला मामला पश्चिम दिल्ली के नारायण विहार इलाका में स्थित कार स्ट्रीट शोरूम के बा। इहाँ शुक के सांझ के पुरान लग्जरी गाड़ी के शोरूम में तेजी से फायरिंग के मामला सोझा आईल। फायरिंग के बाद बदमाश शोरूम में पर्ची फेंक के भाग गईले। दिल्ली पुलिस के मुताबिक, सांझ के करीब 7:30 बजे शोरूम में घुस के तीन गो शूटर अंधाधुंध फायरिंग शुरू कs देले। फायरिंग के बाद तीनों शूटर मौका से फरार हो गईले। शूटर शोरूम में एगो पर्ची भी फेंकले बा, जवना में 'Since 2020' लिखल बा।

जान से मारे के धमकी मिलल

दिल्ली पुलिस के मुताबिक शोरूम मालिक बतवले कि आज उनुका कुछ फोन अवुरी मैसेज आईल बा, जवना के जांच कईल जाता। सीसीटीवी फुटेज के मदद से शूटर के पहचान कईल जाता। एकरा से पहिले भी ओही कार शोरूम के मालिक के जान से मारे के धमकी मिलल रहे, जवना के लेके दिल्ली पुलिस भी प्राथमिकी दर्ज करवले रहे। जांच कईल जाता कि इs उहे शूटर हs कि केहु अवुरी। एकरा से पहिले भी पश्चिम दिल्ली में कार शोरूम के बहुत घटना सोझा आईल बा, जवना के जिम्मेवारी हिमांशु भाऊ गैंग लेले रहे। फिलहाल दिल्ली पुलिस, स्पेशल सेल अवुरी एफएसएल के टीम एs घटना से जुड़ल हरेक सबूत जुटावतिया।

महिपालपुर में दूसरका मामिला

दुसरका घटना दिल्ली के महिपालपुर इलाका में भईल, जहां बदमाश एगो होटल पs गोली चला देलस। पुलिस सूत्र के मुताबिक होटल मालिक के कुछ समय पहिले एक्सटॉर्शन खातीर कॉल गईल रहे। ई घटना काल्हु रात दिल्ली के महिपालपुर में होटल इम्प्रेस के बहरी भइल. इहाँ एगो बाइक सवार हवा में गोली चला दिहलस। हालांकि गोलीबारी में केहु घायल नईखे भईल। सूत्र के मुताबिक फायरिंग के इs घटना रंगदारी खातीर अवुरी होटल पs कब्जा करे खातीर भी भईल रहे। बतावल जाता कि एक साल पहिले भी गोल्डी बराड़ के नाम पs एगो आदमी होटल मालिक के धमकी देले रहे। पुलिस के पता लगावल जाता कि फायरिंग के पीछे के बा।

नांगलोई में तीसरका घटना

एकरा अलावे तीसरका घटना दिल्ली के नांगलोई इलाका के बा, जहवां राशन के दोकान पs गोली चलावल गईल। इहाँ भी पुलिस के गुंडा के नाम पs एगो पर्ची मिलल बा। बतावल जाता कि नांगलोई सुल्तानपुरी मोड पs एगो फोन करेवाला बतवले कि दु लईका बाइक से आके 3-4 राउंड फायरिंग के बाद भाग गईले। उs लोग सीसा भी तूड़ देले। सूचना के बाद पुलिस टीम मौका पs पहुंच गईल। मौका से 3 खोखा अवुरी 2 जिंदा कारतूस बरामद भईल बा। पुसीस केस दर्ज कईले बा आ छानबीन चल रहल बा।

Tags :
Advertisement