टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मिस टू मिसेज! दु बेर के ओलंपिक पदक विजेता पीवी सिंधु कइली वेंकट दत्ता साई से सगाई

01:42 PM Dec 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
पीवी सिंधु आ वेंकट दत्ता साई
Advertisement

भारत के टॉप शटलर आ दू बेर के ओलंपिक मेडल विजेता पीवी सिंधु के सगाई शनिचर के दिने वेंकट दत्ता साईं से हो गइल. ई सगाई एगो निजी समारोह जइसन लागत रहे. शनिचर के उs अपना सगाई के एगो प्यारा तस्वीर सोशल मीडिया पs शेयर कईली। तस्वीर में दुनो लोग हंसत देखाई देतारे, जबकि बैकग्राउंड में एगो दिल के छूवे वाला बैनर देखाई देता, जवना पs 'मिस टू मिसेज' लिखल रहे।

Advertisement

पीवी सिंधु तस्वीर के कैप्शन में लिखले बाड़ी कि, 'जब प्यार आपके बोलाए तs ओकरा के फॉलो करीं, काहेंकी प्यार आपके कुछूओ ना बल्कि बहुत कुछ देला - खलील जिब्रान।' एह पोस्ट के 4.5 लाख से अधिका लाइक मिलल बा, जबकि 1000 से अधिका कमेंट भइल रहे. दू बेर के ओलंपिक पदक विजेता शटलर पीवी सिंधु के बियाह 22 दिसंबर के उदयपुर में होखे वाला बा. शादी से जुड़ल कार्यक्रम 20 दिसंबर से शुरू होखे वाला बा।

22 तारीख के उदयपुर में शादी आ 24 तारीख के हैदराबाद में रिसेप्शन

पीवी सिंधु के पिता पीवी रमना पीटीआई से कहले कि, 'दुनो परिवार एक दूसरा के जानत रहे, बाकिर सबकुछ अबे एक महीना पहिले फाइनल भइल हs।' इहे एकमात्र संभव समय रहे, काहे कि जनवरी से उनुकर (पीवी सिंधु) के कार्यक्रम बहुत व्यस्त होखे वाला बा, एहसे दुनो परिवार 22 दिसंबर के बियाह के रस्म के आयोजन करे के फैसला कईले। स्वागत समारोह 24 दिसंबर के हैदराबाद में होई। उs जल्दिए आपन ट्रेनिंग शुरू करीहे, काहेकी अगिला सीजन महत्वपूर्ण होखे वाला बा।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के 'भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

Tags :
engagementMarriagePV Sindhupv sindhu badminton
Advertisement
Next Article