टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मिजोरम पुलिस के जवान बलिया में बिमार पड़ गइले, 'स्पेशल धतूरा चिकन' के गजब के कहानी

10:56 AM May 31, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बलिया समाचार : उत्तर प्रदेश के बलिया से एगो हैरानी के मामला सामने आइल बा। चुनावी ड्यूटी पर एहिजा आइल मिजोरम पुलिस के बहुते जवान अचानक बिमार पड़ गइले । मिजोरम पुलिस के करीब 7 जवान के स्वास्थ्य एतना खराब हो गइल कि बेहोश तक होखे लगले। जइसहीं प्रशासन के एह बारे में पता चलल त दहशत मच गइल । मिजोरम पुलिस के जवान के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

Advertisement

बता दीं कि डाक्टर तुरंते सब जवानन के अस्पताल में भर्ती कर के जाँच कर लिहले । एह दौरान ई बीमार मिजोरम पुलिस के जवान डाक्टरन के जवन कुछ बतवले, डाक्टर लोग तक सुन के अचरज में पड़ गइल। असल में ई सिपाही डाक्टरन के बतवले कि ई लोग धतूरा चिकन खइले बा जवना का बाद ओह लोग के स्वास्थ्य बिगड़ गइल ।

  धतुरा चिकन खइला से भारी पड़ गइल

मिलल जानकारी के मुताबिक मिजोरम पुलिस के इ जवान सबेरे-सबेरे कहीं से धतूरा के ले आईल रहले। उ मुर्गी में दतुरा डाल के खाए लगले। बतावल जाता कि विशेष धतुरा मुर्गी खईला के कुछ देर बाद ए सभ जवान के स्वास्थ्य खराब होखे लागल।

बतावल जा रहल बा कि ई 7 जवान कहीं से धतूरा ले आके मुर्गी में डाल के खाए लगले। एकरा बाद उनका पेट में दर्द होखे लागल आ बेहोश होखे लगले। एकरा बाद उनका के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गइल।

 

बता दीं कि जइसहीं ई सिपाही डाक्टरन से कहलन कि धतूरा चिकन खइले तs डाक्टर लोग के भी अचरज हो गइल डाक्टर सब जवानन के भर्ती करा के इलाज शुरू कs दिहले। बीमार जवान के इलाज के बाद राहत मिलल। डाक्टर लोग के कहनाम बा कि अगर एह जवानन के ले आवे में 1-2 घंटा अउरी लागल रहीत तs ओह लोग के जान गँवा सकत रहे। फिलहाल ई मामिला चर्चा के विषय में आ गइल बा।

मिजोरम पुलिस के एगो अधिकारी के कहनाम बा कि ई सब जवान अपना मर्जी से धतुरा के लेके आइल रहले आ मुर्गी में डाल के खाए लगले। पुलिस अधिकारी के कहनाम बा कि शायद ई जवान के धतूरा के बारे में पता ना रहे। ऊ केहु से इहो ना बतवले कि ऊ धतुरा मिला के मुर्गी खाए जात बाड़न। फिलहाल सब जवान स्वस्थ बाड़े।

 

 

Tags :
baila newsbailyaBhojpuri khabardhatura chickenKhabar bhojpuriKhabar Bhojpuri Newssolidertoxic fooduttarpradeshबड़ी khabar
Advertisement
Next Article