टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gorakhpur: एमएमएमयूटी के नवीन कृष्ण राय बाल कल्याण समिति के सदस्य नामित

12:13 PM Jun 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) गोरखपुर के पूर्व छात्र नवीन कृष्ण राय के बस्ती जिला के जिला बाल कल्याण आ संरक्षण समिति के सदस्य नामित कइल गइल बा।

Advertisement

गौर करे वाला बात बा कि महिला आ बाल विकास मंत्रालय, भारत सरकार के गाइडलाइन के अनुसार मिशन वात्सल्य योजना के सुचारू आ सुगम क्रियान्वयन खातिर ई समिति जिलाधिकारी के अध्यक्षता में काम करेले। एह समिति के मजबूती प्रदान करे के उद्देश्य से मैनेजमेंट विषय के विशेषज्ञ नवीन कृष्णा राय के एकर विशेष आमंत्रित सदस्य के तौर पs नामित कइल गइल बा।

रउआ के बतावत चलीं कि नवीन वर्तमान में आईआईएम इंदौर में मैनेजर के पद पs कार्यरत बाड़ें। उनका के न्यायिक, प्रशासनिक आ पुलिस ट्रेनिंग एकेडमी में ट्रेनिंग सेशन लेवे खातिर आमंत्रित कइल जात रहल बा। ऊ लाइफ मैनेजमेंट, सेल्फ मैनेजमेंट, पीपुल मैनेजमेंट, डिसीजन मेकिंग आदि विषयन पs ट्रेनिंग प्रदान करेलें।

एकरा अलावे ऊ कइयन प्रदेशन के अलग-अलग सरकारी समितियन में सलाहकार के तौर पs सामिल बाड़ें। ओह समितियन में ऊ बाल कल्याण, सामाजिक न्याय, शहरी विकास, औद्योगिक विकास, पुलिस ट्रेनिंग, ई-गवर्नेंस आ स्टार्ट-अप से संबंधित विषयन पs आपन सलाह प्रदान करेलें।

साभार: अमर उजाला

Tags :
Bhojpuri NewsChild Welfare Committeegorakhpur newsMadan Mohan Malviya University of TechnologyNavin Krishna Rai Appointed as member of Child Welfare Committee
Advertisement
Next Article