टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी में गुस्साईल भीड़ गिरवलस मजार के दीवार, स्थापित कइले शिवलिंग

12:08 PM Sep 20, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मजार विवाद के लेके यूपी के शाहजहांपुर में हंगामा अवुरी अराजकता के मामला सोझा आईल बा। इहा सरोहा गांव में मजार के नाम पs अवैध कब्जा के आरोप पs स्थानीय लोग प्रदर्शन कईले। प्रदर्शन के दौरान भीड़ मजार के दीवार भी गिरा देलस। बतावल जाता कि अवैध कब्जा के आरोप में मंदिर के नजदीक हंगामा भईल। दु समुदाय के बीच तनाव के चलते 4 थाना के पुलिस के मौका पs तैनात कs दिहल गईल बा।

अवैध निर्माण के आरोप लगावल गईल

असल में पूरा मामला शाहजहांपुर के सरोहा गांव के बा। आरोप बा कि गांव में मंदिर के लगे गैरकानूनी तरीका से कब्र के निर्माण भईल। एकरा बाद गाँव के लोग सभा बोलवले। बैठक के बाद स्थानीय लोग के भीड़ अवैध निर्माण के आरोप लगावत हंगामा मचवले। खिसियाइल भीड़ अवैध मजार पs पहुंचल अवुरी कुछे देर में मजार के दीवार गिरा देलस। खिसियाइल लोग के भीड़ एतने ना रुकल। भीड़ उहाँ एगो शिवलिंग भी लगा दिहलस। कुछ ही समय में मामला बढ़ गईल, जवना के चलते विवाद हो गईल।

 

 

 

 

Tags :
ShahjahanpurShahjahanpur NewsUttar Pradeshuttar pradesh news
Advertisement
Next Article