For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

लखीमपुर खीरी में दु लोगन के मउत, खिसियाइल भीड़ बस में लगवलस आग, हाईवे पs जाम

06:47 PM Oct 07, 2024 IST | Minee Upadhyay
लखीमपुर खीरी में दु लोगन के मउत  खिसियाइल भीड़ बस में लगवलस आग  हाईवे पs जाम
हादसा के बाद हाईवे पs बवाल : फोटो
Advertisement

Advertisement

लखीमपुर खेरी के सीतापुर फोरलेन हाईवे पs बस के टक्कर में दू जने के मउत हो गइल. सोमार के सांझ के भईल इs हादसा। दुर्घटना के बाद खिसियाइल लोग हाईवे पs हंगामा मचवले। भीड़ बस के जरा दिहलस। सूचना मिलते भारी पुलिस बल मौका पs पहुंच गईल। स्थिति के काबू में राखे के कोशिश कईल जाता।

जानकारी के मुताबिक सदर कोतवाली इलाका के लखीमपुर-सीतापुर फोरलेन हाईवे पs गांव मुड़िया खेड़ा के सोझा जल भवन के नजदीक सोमार के सांझ के एगो बस से दु लोग के कुचल दिहल गईल, जवना के चलते दुनो लोग के मौका पs मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद चालक फरार हो गईल। मौका पs स्थानीय लोग के भीड़ जमा हो गईल।

खिसियाइल भीड़ ना खाली जगह के जाम कs के विरोध करे लगले बलुक बस में आग लगा दिहलस। मौका पs पहुंचल पुलिस गांव के लोग के समझावे के कोशिश में जुटल बिया। बतावल जाता कि जवना बस में दुर्घटना भईल बा, उs बस रोडवेज के अनुबंधित बतावल जाता।

Tags :
Advertisement