टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

'गलत बयानबाजी जन करस मोदी', खरगे लिखले प्रधानमंत्री के चिट्ठी; कहले - मिलके समझाइब कांग्रेस के घोषणापत्र

05:17 PM Apr 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

पीएम मोदी कांग्रेस के घोषणापत्र के जिक्र करत घरी मुस्लिम समुदाय पऽ टिप्पणी कइलें रहलें। पीएम मोदी के बयान पऽ कांग्रेस के ओर से गंभीर प्रतिक्रिया सामने आइल । कांग्रेस के कहनाम बा कि पीएम मोदी कांग्रेस घोषणापत्र ले लेके जवन बात कहले बाड़न उऽ झूठ बा। कांग्रेस के 50 पन्ना के घोषणापत्र में कही संपत्ति के बंटवारा के जिक्र नइखे।

Advertisement

लोकसभा चुनाव के प्रचार के दौरान प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी लगातार कांग्रेस के घोषणापत्र पऽ सवाल उठा रहल बाड़न। कुछ दिन पहिले पीएम मोदी संपत्ति के बंटवारा के लेके राजस्थान के बांसवाड़ा में कांग्रेस के घोषणा पत्र के जिक्र कइले रहलें।

पीएम मोदी से मिलल चाहऽ ताड़न खरगे

पिछला कुछ दिन से कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे पीएम मोदी से मिले के कोशिश कर रहल बाड़न। उऽ कहले हऽ कि उऽ पीएम मोदी से खुद मिल के ई बतावल चाहत बाड़े कि संपत्ति के बंटवारा के कवनो जिक्र कांग्रेस मेनिफेस्टो में नइखे

पीएम मोदी के गलत जानकारी दे रहल बाड़े उनकर सलाहकार: कांग्रेस

कांग्रेस पत्र लिखत घरी पीएम मोदी से मिले के माँग कइलस। पत्र में मल्लिकार्जुन खरगे ने लिखले,"कांग्रेस न्याय पत्र के उद्देश्य युवाव लो, महिला लो, किसानन, मजदूरन आ सब जातियन आ समुदायन के हाशिए पऽ रहे वाला लोगन के न्याय प्रदान कइल बा।

रउआ (पीएम मोदी) सलाहकारन द्वारा रउआ के उऽ चीजन के बारे में गलत जानकारी दिहल जा रहल बा जवन हमनी के घोषणापत्र में नइखे लिखल गइल। एहिसे हमनी के न्याय पत्र के समझावे खातिर रउआ से व्यक्तिगत रूप से मिलल चाहब ताकि देश के प्रधानमंत्री के रूप में रउआ कवनो गलत बयान ना दीं।"

कांग्रेस प्रमुख प्रधानमंत्री के लिखल अपना पत्र में कहले, "संदर्भ से हट के कुछ शब्दन के पकड़ लिहल आ सांप्रदायिक विभाजन पैदा कइल राउर आदत बन गइल बा। रउआ एह तरे से बोल के कुर्सी के गरिमा कम कर रहल बानीं।" उऽ इहो कहले कि उऽ प्रधानमंत्री के ओर से अपना हाले के भाषण में इस्तेमाल कइल गइल भाषा से ना तऽ हैरान बाड़न आ नाहीं आश्चर्यचकित बाड़न।

चुनाव आयोग मोदी-राहुल के बयान पऽ मांगलस जवाब

चुनाव प्रचार के दौरान पीएम मोदी आ राहुल गांधी के विवादित बयानन से चुनाव आयोगो आज चिंता जाहिर कइलस। बीजेपी आ कांग्रेस दुनु धर्म, जाति, समुदाय भा भाषा के आधार पऽ नफरत आ विभाजन पैदा करे के आरोप लगवले रहे। चुनाव आयोग ए मामले पऽ 29 अप्रैल के भोर 11 बजे ले जवाब मंगले बा।

Tags :
BjpCongresselection commissionMallikarjun Khargepm modiRahul gandhi
Advertisement
Next Article