For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Moeen Ali Retirement: मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा, दूसरका बार लेले संन्यास

11:41 AM Sep 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
moeen ali retirement  मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा  दूसरका बार लेले संन्यास
Advertisement

Moeen Ali Retirement: मोईन अली क्रिकेट के कहलें अलविदा, दूसरका बार लेले संन्यास

Advertisement

इंग्लैंड के दिग्गज ऑलराउंडर मोईन अली अतवार के इंटरनेशनल क्रिकेट से संन्यास के एलान कs देले बाड़ें।  इंग्लैंड खातिर दुगो वर्ल्ड कप जीते वाला ई खिलाड़ी 10 साल के करियर के अलविदा कsbदेले बाड़ें। मोईन अली ई फैसला ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल जाये वाला सीमित ओवरन के सीरीज में ना चुनल गइला के बाद लेलें।

मोईन अंग्रेजी अखबार डेली मेल के दिहल गइल इंटरव्यू में अपना दिल के बात जाहिर कइलें। मोईन अली कहलें, "हम 37 साल के हो गइल बानी। हमरा के एह महीना ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ होखे वाला सीरीज खातिर नइखे चुनल गइल। हम इंग्लैंड खातिर बहुत क्रिकेट खेलनी। ई अब अगिला पीढ़ी के समय बा।"

टेस्ट संन्यास से कइले रहस वापसी

मोईन साल 2021 के अंत में टेस्ट क्रिकेट के अलविदा कह देले रहस, बाकिर साल 2023 में टेस्ट टीम के कप्तान बेन स्टोक्स के कहला पs एशेज सीरीज से पहिले ऊ आपन फैसला बदललले राजस। हालांकि, तब मोईन अली टेस्ट के अलविदा कहले रहस, बाकिर अब ऊ तीनों फॉर्मेट से विदाई ले चुकल बाड़ें।

मोईन अली साल 2014 में इंटरनेशनल डेब्यू कइले रहे लो। अपना देस खातिर ई खिलाड़ी 68 टेस्ट, 138 वनडे आ 92 टी20 मैच खेलल। तीनों फॉर्मेट में उनका बल्ला से कुल 6678 रन, आठ शतक, 28 फिफ्टी निकलल। ओहिजा, तीनों फॉर्मेट में ऊ कुल 366 विकेट लेलें। इंग्लैंड खातिर ऊ आपन आखिरी मैच एही साल गयना में टी-20 वर्ल्ड कप-2024 के सेमीफाइनल के रूप में भारत के खिलाफ खेलले रहे।

Tags :
Advertisement