For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

IPL 2024 से Mohammed Shami भइलें बाहर, ए चलते ना खेल पइहें टूर्नामेंट

04:54 PM Feb 22, 2024 IST | Sonu Kishor
ipl 2024 से mohammed shami भइलें बाहर  ए चलते ना खेल पइहें टूर्नामेंट
Advertisement

आईपीएल 2024 के आगाज 22 मार्च से होखे जा रह बा, जवना के शेड्यूल के एलान आज माने 22 फरवरी के साँझि खा 5 बजे होई। आईपीएल 2024 के शेड्यूल के एलान से पहिले गुजरात टाइटंस (Gujarat Titans) के बड़हन झटका लागल बा। गुजरात टाइटंस (Gujarat Titans) के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी (Mohammed Shami) आईपीएल 2024 (IPL 2024) से बाहर हो गइल बाड़न।

Advertisement

बात ई बा कि गुजरात टाइटंस (Gujarat Titans) के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी (Mohammed Shami) अगिला महीना से होखे वाला आईपीएल 2024 से बाहर हो गइल बाड़न। बाया हाथ के जोड़ के चोट के वजह से मोहम्मद शमी आईपीएल 2024 से बाहर हो गइल बाड़न। न्यूज एजेंसी पीटीआई से बातचीत करत बीसीसीआई के एगो सूत्र एकर जानकारी देलस। हालांकि, गुजरात टाइटंस फिलहाल कवनो आधिकारिक एलान नइखे कइले।

33 साल के तेज गेंदबाज इंग्लैंड के खिलाफ जारी पांच गो मैचन के टेस्ट सीरीज खातिर भारतीय टीम के हिस्सा नइखन। उऽ आखिरी बेर भारत खातिर वनडे विश्व कप 2023 के फाइनल मुकाबला खेलले। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ वनडे विश्व कप 2023 के फाइनल मुकाबला में शमी इंजर्ड हो गइल रहले, एकरा बाद उऽ चोट से उबर नइखन पाइल।

एहीं बीचे बीसीसीआई के सूत्र ई जानकारी देले बा कि शमी जनवरी के पिछला हफ्ता लंदन में रहलें, जहां उऽ टखन के चोट खातिर स्पेशल इंजेक्शन लगवइले रहले, बाकिर उऽ इंजेक्शन से उनकर दर्द कम ना भइल आ अब उनका लगे खाली ऑपरेशन करावे के अलावा आउर कवनो दूसर ऑप्शन नइखे। यूके में अब मोहम्मद शमी आपन सर्जरी करवइहें। अइसे में शमी आईपीएल 2024 ना खेल पइहें।

Tags :
Advertisement