For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

शमी एक्सीडेंट में घायलन के मदद कइलें: लिखलें- केहू के बचाके खुशी मिलल; लोग बोलल- पिच पs टीम के बचवलें, इहां नागरिकन के

12:13 PM Nov 26, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
शमी एक्सीडेंट में घायलन के मदद कइलें  लिखलें  केहू के बचाके खुशी मिलल  लोग बोलल  पिच पs टीम के बचवलें  इहां नागरिकन के
Advertisement

टीम इंडिया के तेज गेंदबाज मोहम्मद शमी नैनीताल में भइल कार एक्सीडेंट में घायलन के मदद कइलें। शमी खुद एकर जानकारी इंस्टाग्राम पs देलें। ऊ एगो वीडियो शेयर करत लिखलें, ऊ बहुत भाग्यशाली बाड़ें कि भगवान उनका के दूसका जिंदगी देलें। उनकर कार हमरा सामने नैनीताल के लगे पहाड़ी सड़क से नीचे गिर गइल। हमनी के उनका के सुरक्षित बाहर निकलनी सs।

Advertisement

वीडियो में शमी घायल लोगन के मदद करत नजर आ रहल बाड़ें। उनका अगल-बगल कइयन लोग मवजूद बा। एह वीडियो के 5 लाख से जादे लोग लाइक कs चुकल बा। शमी के पोस्ट के बाद लोग उनकर तारीफ कs रहल बा। एगो यूजर लिखलस- पिच पs इंडियन टीम के बचवलें आ इहां इंडियन सिटीजन के। ओहिजा, एगो आउर यूजर लिखलें- एके गो दिल बा शमी भाई, केतना बेर जितबs।

वर्ल्ड कप के बाद ब्रेक पs बाड़ें शमी

मोहम्मद शमी वनडे वर्ल्ड कप में टीम इंडिया के हिस्सा रहस। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ खेलल गइल वर्ल्ड कप फाइनल के छोड़ दिहल जाव तs टीम इंडिया आपन सब मैच जीतल।

मोहम्मद शमी वर्ल्ड कप के बाद ब्रेक पs बाड़ें। रोहित, विराट समेत टीम इंडिया के कइयन सीनियर खिलाड़ियन के ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ घरेलू टी-20 सीरीज से ब्रेक दिहल गइल बा।

हार्दिक पंड्या के चोटिल होखला के बाद प्लेइंग इलेवन में मिलल मवका

मोहम्मद शमी के हार्दिक पंड्या के चोटिल होखला के बाद टीम में मवका मिलल। ऊ टूर्नामेंट के टॉप विकेट टेकर हवे। फाइनल समेत वर्ल्ड कप के खेलल 7 मैचन में 5.26 के इकोनॉमी रेट से ऊ 24 विकेट लेलें।

साउथ अफ्रीका दौरा पs जा सकत बाड़ें

टीम इंडिया के अगिला महीना साउथ अफ्रीका के दौरा करे के बा। इहां भारत दु टेस्ट, तीन वनडे आ तीन टी-20 मैचन के सीरीज खेली। दु टेस्ट मैचन के सीरीज वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के हिस्सा बा। अइसन में मोहम्मद शमी के साउथ अफ्रीकी दौरा पs टीम में मवका मिल सकत बा।

Tags :
Advertisement