For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Monkey Pox and Chandipura Virus : मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस के लेके निजी लैब आ अस्पतालन के अलर्ट जारी कइल गइल

04:21 PM Aug 22, 2024 IST | Raj Nandani
monkey pox and chandipura virus    मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस के लेके निजी लैब आ अस्पतालन के अलर्ट जारी कइल गइल
Advertisement

मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस : एह मौसम में मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस के खतरा के देखत स्वास्थ्य अलर्ट मोड पs बा। जेकरा बाद सिविल सर्जन रांची में अलर्ट जारी क के एह बेमारी से सावधानी बरते के काम कइले बाड़े। जवना के बाद सब प्राइवेट लैब आ सब अस्पताल के निर्देश दिहल गइल बा कि जदी ए बेमारी से पीड़ित कवनो मरीज मिलता तs तुरंत सूचना देस।

Advertisement

  • दुनो वायरस खतरनाक बा, निर्देश बा कि जदी संदिग्ध पावल गइल तs तुरंत विभाग के सूचित कइल जाए
  •  सिविल सर्जन भी सब ग्रामीण अस्पताल के गाइडलाइन देले, दुनो बेमारी में बच्चा के जादा खतरा बा।
  •  एकीकृत रोग निगरानी कार्यक्रम के तहत हर हफ्ता देवे के रिपोर्ट

रांची : मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस : एह मौसम में मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस के खतरा के देखत स्वास्थ्य अलर्ट मोड पs बा। जेकरा बाद सिविल सर्जन रांची में अलर्ट जारी क के एह बेमारी से सावधानी बरते के काम कइले बाड़े। जवना के बाद सब प्राइवेट लैब आ सब अस्पताल के निर्देश दिहल गइल बा कि जदी ए बेमारी से पीड़ित कवनो मरीज मिलता तs तुरंत सूचना देस।

एह घातक बेमारी के संगे-संगे जिका वायरस के लेके अलर्ट भी जारी कइल गइल बा। सिविल सर्जन डॉ. प्रभात कुमार के कहनाम बा कि अभी तक ए वायरस के कवनो मरीज नइखे मिलल, बाकी ए मौसम में एह प्रकार के वायरस बढ़े के खतरा बा।

पड़ोसी राज्य मध्य प्रदेश के संगे-संगे गुजरात में भी बहुत लोग चांदीपुरा वायरस के चलते बेमार पड़तारे, जवना के बाद स्वास्थ्य विभाग पहिलही से एहतियात अपनावतिया आ सब जांच लैब आ अस्पताल के अलर्ट कs दिहल बा। मालूम रहे कि केरल के कुछ जगह पs मंकी पोक्स वायरस के मरीज मिलल बाड़े, जबकि पाकिस्तान देश में मंकी पोक्स के तबाही देखाई देता।

Monkey Pox and Chandipura Virus: सभे सीएचसी, पीएचसी के सावधान रहे के निर्देश

सिविल सर्जन कहले कि अइसन स्थिति में सबके सतर्क रहे के जरूरत बा। जिला के स्वास्थ्य विभाग आपन तइयारी शुरू कर दिहले बा। एह वायरस के देखत ग्रामीण क्षेत्र के अस्पतालन के विशेष सावधानी बरते के कहल गइल बा। ओहिजा के प्रभारी के एह बारे में जानकारी दिहल गइल बा। जिला के सब अनुमंडल अस्पताल के संगे-संगे सीएचसी (सामुदायिक स्वास्थ्य केन्द्र) अवुरी पीएचसी (प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र) के प्रभारी के सतर्क रहे के कहल गइल बा। संदिग्ध मरीज मिलला पर तुरंत सूचना देवे के निर्देश दिहल गइल बा।

Monkey Pox and Chandipura Virus: आईडीएसपी के हर हफ्ता रिपोर्ट जमा करे के पड़ेला

मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस के रिपोर्ट तइयार कइल जा रहल बा, जवना में स्वास्थ्य अधिकारियन के एकीकृत रोग निगरानी कार्यक्रम (आईडीएसपी) के तहत हर हफ्ता आपन रिपोर्ट जमा करे के पड़ेला। जवना में बतावल जाई कि अभी तक कवनो इलाका में केहु के ए वायरस से संक्रमित मिलल बा कि ना आ अभी तक के हालत का बा। एकरा अलावे शहर के सब निजी आ सरकारी अस्पताल पs जिला निगरानी विभाग के ओर से निगरानी कइल जाता। संगही, उनका के सतर्क रहे के निर्देश दिहल गइल बा। निर्देश में कहल गइल बा कि अगर कवनो संदिग्ध मरीज आवे तs तुरते विभाग के सूचना दीं ।

Monkey Pox and Chandipura Virus : का हs मंकी पॉक्स आ चांदीपुरा वायरस;

Mpox एगो संक्रामक बेमारी हs जे संक्रमित जानवर सब से वायरस के कारण मनुष्य में फइलल होला। एकरा अलावे ई शारीरिक संपर्क के माध्यम से भी इंसान से इंसान में फइल सकता। एह बेमारी में चेचक नियन बहुत दाना त्वचा में घाव नियन देखाई देवेला, जवना में आमतौर पs चेहरा, हाथ आ गोड़ शामिल होखेला। अभी तक जवन मामला सोझा आइल बा, ओकरा में ई बच्चा में पावल गइल बा, पछिला साल भी इहाँ मंकी पॉक्स के मरीज के पहचान भइल रहे, बाकी इहाँ अभी तक एकरा चलते केहु के मौत नइखे भइल।

Monkey Pox and Chandipura Virus : मंकी पाक्स के लक्षण

– तेज ठंडा लाग के बुखार आइल

– तेज सिर दर्द

– अत्यधिक थकान

– चेचक लेखा लक्षण के संगे लाल चकत्ता पड़ल आ घाव हो जाइल

Monkey Pox and Chandipura Virus : मंकी पाक्स से बचाव के उपाए

– बंदरों के संपर्क में आइला से बची

– संभव बा तs अन्य जानवरन से भी दूरी बनाके रही

– घर में सफाई के विशेष ध्यान राखी, सेनिटाइज करत रही

– लइकन के विशेष रूप से सतर्कता बरताई

Monkey Pox and Chandipura Virus : का हs चांदीपुरा वायरस

चांदीपुरा संक्रमण बारिश के मौसम में देखे के मिलेला। ई संक्रमित रोग मक्खी, मच्छर के काटे से होखेला। नौ माह के बच्चा से लेके 14 साल के उम्र के बच्चा में ई संक्रमण पाइल जाला। खास तौर पs ई ग्रामीण क्षेत्र में ई वायरस के संक्रमण ज्यादा देखे के मिलेला।

Monkey Pox and Chandipura Virus : चांदीपुर वायरस के लक्षण

– तेज बुखार के संगे फ्लू और एंसेफलाइटिस (मस्तिष्क के सूजन)

– दौरा पड़ल

– दस्त, उल्टी

– सिर दर्द आ ऐंठन

Monkey Pox and Chandipura Virus : चांदीपुरा से बचाव के उपाए

– अपना आसपास कीटनाशक के छीड़काव करी, गंदगी ना रहने दी , सफाई बरती

– बच्चा के कीट-पतंग भा मच्छर से बचावे खातिर फुल स्लीव्स के कपड़ा पहनाई।

– पालतू जानवर के अधिक संपर्क में रहे से बची

– दस्ताना भा मास्क के प्रयोग करें

Monkey Pox and Chandipura Virus : डेंगू से लइका-लइकी बेमार हो रहल बाड़े

एह बरसात के मौसम में राजधानी के अधिकांश बच्चा डेंगू के चलते बेमार पड़तारे। डेंगू से पीड़ित अधिकांश मरीज के इलाज निजी पल्स अस्पताल में हो रहल बा। एह मरीजन में अधिकतर बरियातु इलाका के बा । जबकि इलाज खातीर रिम्स में आइल बहुत डेंगू के मरीज के इलाज घर में होखता। फिलहाल रिम्स में दु मरीज डेंगू से पीड़ित बाड़े आ उनकर इलाज चलता। जवना में एक मरीज कोकर इलाका के बा।

Monkey Pox and Chandipura Virus : चिकनपाक्स के भी मरीज बढ़ रहल बाड़े

अभी अन्य वायरस संक्रमण में से चिकन पाक्स के मरीजन के भी संख्या बढ़ रहल बा। हालांकि बच्चा के समय पs वैक्सीनेशन होख़ला के वजह से ई आठ से 10 दिनों में ठीक हो जा रहल बा। रिम्स के डा. अभिषेक बतावत बाड़े कि चिकन पाक्स के मामला आ रहल बा बाकी एहसे अधिक चिंता के बात नइखे, जबकि बच्चा में डेंगू के मामिला चिंताजनक बा। ऐसे में लोगन के सफाई के महत्व जाने के कोई आ अपना घर में या आसपास जल जमाव ना करे देवे होई। घर के अंदर भी कूलर, गमला भा अन्य सामान में पानी जमे ना देवेके होई। साफ सफाई करत रहे के होई । डेंगू के लार्वा एही साफ पानी में पनपेला। जवना से डेंगू के मच्छर पैदा होखेले।

Tags :
Advertisement