टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: बरखा के मौसम में टहलल हो गइल बा कम तs घरवे में करीं इs योगासन

08:54 AM Sep 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
बरसात के मौसम में योग:फोटो
Advertisement

 

Advertisement

टहलल बहुते प्रकार के बेमारी से बचाव के सबसे आसान अवुरी सबसे निमन तरीका बा। टहलला से शारीरिक गतिविधि बनल रहेला। खून के संचार में सुधार होखेला अवुरी इम्यूनिटी मजबूत हो जाला। रोज चलला से कैलोरी बर्न होला , जवना के चलते शरीर में फालतू चर्बी जमा ना हो पावेला। एकरा अलावे टहलला से मानसिक रूप से भी सकारात्मक प्रभाव पड़ेला।

हालांकि मानसून के अईला के संगे रोज सबेरे चाहे सांझ के टहलल लोग के एक्टिविटी कम हो जाला। बरसात के मौसम में कबो भी बार बार बारिश होखे के कारन, बाहर कीचड़ भा फिसलन के समस्या, पार्क में डेंगू आ मलेरिया के डर आदि के चलते मानसून के समय में भी लोग घूमे खातिर घर से बाहर ना निकल पावेला .

अयीसना में आप घर में कुछ योगासन के अभ्यास कs सकतानी, जवना से स्वास्थ्य के ओतने फायदा हो सकता, जवन कि टहलला से मिल सकता। एह योगासन के स्वास्थ्य के अउरी कई गो फायदा भी बा।  बता दी कि बरसात के मौसम में टहल ना पावत बानी तs घर में कवन आसान योग आसन के अभ्यास करे के चाहीं।

ताड़ासन

ताड़ासन: फोटो

रउआ रोज ताड़ासन के अभ्यास कs सकेनी। एह आसन के साथे लंबाई बढ़ जाला। शरीर के पोस्चर सही रहेला। एकरा अलावे एs आसन के अभ्यास से आदमी के थकान दूर हो जाला अवुरी ऊर्जा बढ़ेला। ताड़ासन मांसपेशी के आराम देवे अवुरी ब्लड फ्लो में सुधार करे में भी मदद करेला।

 

अधोमुख शवासन

अधोमुख शवासन: फोटो

अधोमुख शवासना शरीर के निचला हिस्सा, हाथ-गोड़ के मजबूत करेला। एकरा से गोड़, छाती, पिंडलियों अवुरी पीठ के खिंचाव कईल जा सकता। एह आसन से रउरा कमर दर्द से राहत पा सकेनी.

कपालभाति

कपालभाति: फोटो

कपालभाति के अभ्यास से पाचन तंत्र के मजबूती मिलेला, जवना से गैस, एसिडिटी, कब्ज जईसन समस्या से राहत मिलेला। कपालभाति फेफड़ा, लिवर, पैंक्रियाज के कामकाज में सुधार करे में मदद करेला।

 

"खबर भोजपुरी के लाइफस्टाइल आ योगा श्रेणी में प्रकाशित सगरी लेख पाठक के जानकारी आ जागरूकता बढ़ावे खातिर तइयार कइल गइल बा. उपर के लेख में बतावल गईल संबंधित बेमारी के बारे में अधिक जानकारी खातिर आपन डॉक्टर से सलाह लीं।"

 

Tags :
Good Morning NewsLifestyle Newslifestyle news in bhojpuriyoga and healthYoga at homeYoga in rainy season.Yoga news
Advertisement
Next Article