टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

माह-ए-रमजान के भइल आगाज... पहिला रोजा आज : गोरखपुर में लउकल रमजान के चांद, सोमार से सुरू भइल तरावीह के विशेष नमाज

11:53 AM Mar 12, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर में सोमार के सांझ माह-ए-रमजान के चांद देखल गइल। उलमा किराम माह-ए-रमजान के चांद देखे के एलान कइले रहे। जवना के संगे रमजान शरीफ के पहिला अशरा 'रहमत' के सुरु हो गइल। आज माने कि मंगर के पहिला रोजा रखल जाई आ एक महीना बाद खुशियन के त्योहार ईद परंपरा के अनुसार मनावल जाई। पहिला रोजा करीब 13 घंटा 18 मिनट के होई। जवन माह-ए-रमजान के सबसे छोट रोजा होई। रमजान के लेके लोगन में बहुते उत्साह बा।

Advertisement

चांद के ऐलान के संगे शहर के फिजा में रौनक छा गइल। मुस्लिम समाज में हर ओर खुसी फइल गइल बा। सभे एक एक-दोसरा के रमजान शरीफ के मुबारकबाद पेश कइल। सोशल मीडिया पs मुबारकबाद के मैसेज फइले लागल। अकीदतमंद सोशल मीडिया के फेसबुक आ वाह्टसएप प्रोफाइल पिक्चर बदल के रमजान शरीफ के वॉल पेपर लगावल। सभे अल्लाह तआला के इबादत में जुट गइल। सभे अपना गुनाहन के माफी मांगल आ अल्लाह के खास रहमत के अहसास कइल।

मस्जिदन में पढ़ल गइल तरावीह के नमाज

सोमार के चांद के संगही तरावीह के नमाज के तइयारी सुरु हो गइल। मस्जिदन में पुरुष तरावीह के नमाज पढ़ल लो। घरन आ मस्जिदन में कुरआन शरीफ के तिलावत सुरु हो गइल। घरन में महिला लोग तरावीह के नमाज़ पढ़ल आ आउर इबादत कइल लो। नमाज, तिलावत, तस्बीह आ दुआ के सिलसिला चल पड़ल। जवन लगातार एक महीना तक जारी रही। लोग अल्लाह के हम्दो सना के आ अल्लाह के इबादत में लाग गइल लो।

बाजारन में बढ़ल रौनक

तरावीह के नमाज खत्म होखला के संगही लोग मंगर से सुरु होखे वाला रोज के सहरी आ इफ्तार के तइयारियों में जुट गइल लो। चांद दिखला के बाद सहरी के तइयारी बाजारन के चांदनी बढ़ा दिहल। तुर्कमानपुर, जाफरा बाजार, नखास चौक, घंटाघर, इलाहीबाग आ गोरखनाथ जइसन इलाकन में सहरी आ इफ्तारी के सामानन खातिर पहिले लेखा सजल दुकानन पs खास भीड़ देखे के मिलल। मोहल्ला के नुक्कड़ लोगन के उत्साह से लबरेज दिखल।

कहीं सेवई किनल जात रहे तs कहीं खजूर। सेवईय आ खजूर के क्वॉलिटी के लेके लोग संजीदा दिखल। ई रौनक पूरा एक महीना तक बरकरार रही। मंगर से रमजान में सहरी आ इफ्तार के दस्तख्वान पs सजल लजीज व्यंजन, शर्बत, फल, खजूर वगैरा रोजेदार के इस्तकबाल करत नजर आई लो।

इहां पढ़ल गइल तरावीह के नमाज

सोमार के शहर आ देहात के सब मस्जिदन आ कुछ मदरसन में तरावीह के 20 रकात नमाज अदा कइल गइल। मदरसा दारूल उलूम हुसैनिया दीवान बाजार, मस्जिदे बेलाल (दरगाह हजरत कंकड़ शाह) रेलवे म्यूजियम सिविल लाइन के लगे, दरगाह हज़रत मुबारक खां शहीद मस्जिद नार्मल, लाल जामा मस्जिद गोलघर, सब्जपोश हाउस मस्जिद जाफ़रा बाजार, चिश्तिया मस्जिद बक्शीपुर, नूरी मस्जिद तुर्कमानपुर, बेलाल मस्जिद इमामबाड़ा अलहदादपुर, मस्जिदे जामे नूर जफ़र कॉलोनी बहरामपुर, नूरानी मस्जिद तरंग क्रासिंग हुमायूंपुर, सुन्नी बहादुरिया जामा मस्जिद रहमतनगर, रज़ा मस्जिद जाफरा बाजार सहित जिला के सब मस्जिदन में तरावीह के नमाज अदबो एहतराम के संगे अदा कइल गइल। मदरसा दारुल उलूम हुसैनिया, दरगाह हजरत मुबारक खां शहीद मस्जिद, हजरत कंकड़ शाह मस्जिदे बेलाल में नमाज़ियन के भीड़ उमड़ल।

ई लोग पढ़ावल तरावीह के नमाज

हाफिज रहमत अली निज़ामी, हाफिज गुलाम जीलानी, हाफिज महमूद रजा कादरी, कारी शराफत हुसैन कादरी, कारी मोइनुद्दीन निज़ामी, हाफिज मो. अशरफ, हाफिज अयाज अहमद, हाफिज सद्दाम, हाफिज मो. मुजम्मिल रजा, कारी अंसारुल हक, हाफिज सद्दाम हुसैन निज़ामी आदि तरावीह के नमाज पढ़ावल लो। हाफिज-ए-कुरआन के तरावीह के नमाज में नमाजियन के पूरा कुरआन शरीफ सुनावल जाला।

जानीं, रोजा के समय (सुन्नी)

पहिला रोजा: (12 मार्च 2024)

सहरी: 4:49 बजे सबेरे

इफ्तार: 6:07 बजे सांझ

दूसरा रोजा (13 मार्च 2024)

सहरी: 4:47 बजे सुबह

इफ्तार: 6:08 बजे शाम

Tags :
Bhojpuri NewsFirst Roja Todaygorakhpur newsMahe-A-RamjanRamzan Mubarak
Advertisement
Next Article