टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Gopalganj : मां-बेटा पावल गइल लो कोरोना पॉजिटिव, दुनो के करावल गइल भर्ती: जिला आ स्वास्थ्य विभाग अलर्ट, रैंडम जांच सुरू

09:52 AM Mar 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

जिला में दुगो कोरोना के मरीज मिलल बा लो। मां-बेटे दुनो कोरोना पॉजिटिव पावल गइल बा। जानकारी के अनुसार बेटा एगो प्राइवेट लैब में टेक्नीशियन बा। दुनो के पहचान मांझागढ़ प्रखंड के श्रीरामपुर वार्ड नंबर 3 के निवासी राहुल कुमार आ ओकर मां संजू देवी के रूप में कइल गइल बा। बुखार के शिकायत के बाद राहुल 28 फरवरी के सदर अस्पताल में सैंपल दिहल गइल रहे।

Advertisement

एकरा बाद 29 फरवरी के आरटीपीसीआर जांच में कोरोना पॉजिटिव होखे के पहचान भइल। जब ओकर मां के जांच कइल गइल तs उहो पॉजिटिव पावल गइली। फिलहाल दुनो के इलाज जारी बा। एकरा अलावे ओह लोगन से हाल के दिनन में मिलल सब लोगन के जांच कइल जा रहल बा। दुगो मरीज मिलला के बाद स्वास्थ्य विभाग अलर्ट हो गइल बा। सिविल सर्जन डॉ. बिरेंद्र प्रसाद लोगन से अपील कइलें कि ऊ कोरोना गाइडलाइन के पालन करे आ मास्क पहिने

Tags :
Bhojpuri NewsCovid AlertCovid CasesGopalganj news
Advertisement
Next Article