टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चावल के ड्रम में गला रेत के माई लुका देले रहे 25 दिन के नवजात बच्ची के लाश

09:30 AM Sep 09, 2024 IST | Sonu Kishor
Bihar Crime: तरैया थाने से नायायिक हिरासत में छपरा जात अरोपित माई
Advertisement

बिहार के सारण में एगो दिल दहला देवे वाला घटना सोझा आइल बा, जहां 25 दिन के एगो नवजात बच्चा के हत्या ओकर माई कऽ देलस। लइकी के लापता होखला के बाद घर के बरामदा में राखल चावल के ड्रम में ओकर लाश मिलल। पुलिस महतारी के हिरासत में लेके पूछताछ कइलस, जेकरा बाद उऽ अपना अपराध के कबूल कऽ लेलस।

Advertisement

तरैया ( सारण) थाना क्षेत्र के बड़ा माधोपुर गांव के सोनू कुमार यादव के 25 दिन के नवजात बेटी सिमरन के पहिले लापता होखे के घटना में सामने आईल आ ओकरा बाद पछिला बियफे के घर के बरामदा में चावल वाला ड्रम में लाश मिलला के घटना में माई हत्यारीन निकलल।

पुलिस महिला के हिरासत में लेके पूछताछ करतिया। लइकी के गला रेत के हत्या कइला के बाद लाश के चावल के ड्रम में राख देले रहे। ओकरा बाद पुलिस आ परिवार के लोग के गुमराह कऽ के लइकी के लापता होखे के जानकारी देलस।

एसडीपीओ अमरनाथ बतवले कि लइकी के महतारी नीरू देवी पुलिस के बतवली कि बेटी के जन्म सात महीना में भइल रहे। उ अक्सर बेमार होखला के चलते रोवत रहली। एकरा चलते सभे आर्थिक, मानसिक आ शारीरिक रूप से परेशानी महसूस करे लागल। एही कारण से बुध के सांझ के ओकर हत्या कऽ देली।

तब उऽ अपना पति के फोन प कहली कि सिमरन लापता बिया। पुलिस जब उनका के ना खोज पवलस तऽ एक दिन बाद परिवार के लोग से चाउर के ड्रम में देखे के कहलस। इ सुन के घर के एगो महिला चाउर के ड्रम खोल के चिल्लाए लगली।

लईकी के लाश मिलला के खबर प गांव के लोग जमा हो गइले। संगही पुलिस मौका प पहुंच के लाश के पोस्टमार्टम क परिजन के सौंप देलस। ई घटना 04 सितंबर के साँझ चार बजे के हऽ। एक दिन बाद 5 सितंबर के रात के करीब 11 बजे लाश मिलल।

Tags :
BIHAR chapraBihar crimeBihar crime newsbihar newsBihar policeSaran
Advertisement
Next Article