टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Mother teresa Birthday: ममता के मूरत मदर टेरेसा के जन्मदिन पs उनकर विचार से ली प्रेरणा

09:30 AM Aug 26, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

बहुत कम अइसन लोग लउकेला जे बिना कवनो स्वार्थ के आपन पूरा जीवन लोग के सेवा में समर्पित कर देला। मदर टेरेसा भी एही में शामिल बाड़ी। ऊ आपन पूरा जीवन निराधार, गरीब, असहाय आ मानवता के सेवा में समर्पित कs देली। इनकर जनम एही दिन यानी 26 अगस्त 1910 के भइल रहे। मदर टेरेसा एगो कैथोलिक नन रहली। साल 1948 में भारतीय नागरिकता ले लिहली आ साल 1980 में देश के सबसे बड़ नागरिक पुरस्कार ‘भारत रत्न’ से सम्मानित भइली । एकरा से पहिले 17 अक्टूबर 1979 के उनका के नोबेल शांति पुरस्कार से भी सम्मानित कइल गइल रहे। मदर टेरेसा अपना नीमन काम के साथे-साथे अनमोल शब्दन खातिर जानल जाली। उनकर कुछ चुनल अनमोल शब्द जानी ...
Advertisement

मदर टेरेसा के भारत के प्रति विशेष स्नेह रहे। ऊ स्वेच्छा से साल 1948 में भारतीय नागरिकता ले लिहली। मदर टेरेसा के दिहल शिक्षा समाज में शांति आ प्रेम के कायम राखे के काम कइले बा । आज उनका जयंती पर देश भर में ना बलुक दुनिया के अलग अलग हिस्सा में उनका के याद कइल जा रहल बा ।

Tags :
Bharat RatanBhojpuri khabarHappy Birthdayhumanityinspiringinspiring storyjanamdin viseshKhabar Bhojpuri Newskhabar bhojpuri news speciallife lessonsmissionaryMother Teresanobel prize
Advertisement
Next Article