टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MP Crime: छिंदवाड़ा में सामूहिक हत्याकांड, आठ लोगन के हत्या

09:57 AM May 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मध्य प्रदेश के अंतिम सीमा में स्थित आदिवासी बाहुल्य इलाका के माहुलझिर अंतर्गत ग्राम बोदलकछार में एगो आदिवासी परिवार के 8 लोग के सामूहिक हत्या हो गईल बा। परिवार के बेटा कुल्हाड़ी से हत्या कs देलस। एकरा बाद हत्यारा भी फांसी लगा के आपन जान दे देलस।

हत्या के कारण अबे ले पता नईखे चलल, सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक, एगो आदिवासी परिवार के एगो युवक अपना परिवार के आठ लोग के कुल्हाड़ी से हत्या कs देलस, जवना में उनुकर माता-पिता, पत्नी, बच्चा अवुरी भाई शामिल बाड़े, अवुरी हत्या के बाद उs खुदो के मार दिहलस। बतावल जाता कि घटना रात के 2-3 बजे भईल बा। पुलिस पूरा गांव के सील कs देले बिया। छिंदवाड़ा से पुलिस अधीक्षक मौका पs रवाना हो गईले। विस्तृत जानकारी के इंतजार बा।

 

 

Tags :
Crime news in BhojpuriMadhya PradeshMahuljhir crime newsMP newsTribal Areaआदिवासी इलाकामाहुलझिर
Advertisement
Next Article