टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MP: बागेश्वर धाम में चल रहल रेस्टोरेंट पऽ खाद्य आ औषधि विभाग के छापा

07:22 PM Oct 06, 2024 IST | Sonu Kishor
बागेश्वर धाम में खाद्य आ औषधि विभाग के छापा
Advertisement

बागेश्वर धाम : पिछला कई दिन से आशंका रहे कि धाम में चलत प्रसाद के दोकान आ रेस्टोरेंट भक्त के स्वास्थ्य के संगे खेलवार तऽ नइखे कर रहल। एकरा चलते छतरपुर के कलेक्टर पार्थ जायसवाल के आदेश पऽ खाद्य एवं औषधि विभाग के टीम धाम में चलेवाला करीब 10 प्रसाद दोकान आ 2 होटल से नमूना लिहलस। दोकान से 20 किलो दूध के केक आ मगज लड्डू नष्ट करावल गइल।

Advertisement

मिठाई के दुकान से लिहल नमूना

खाद्य आ औषधि विभाग के टीम धाम में चलत बहुते रेस्टोरेंट आ मिठाई के दोकान के नमूना लिहले बिया। एह नमूना के जांच खातिर भेजल गइल बा। जिला प्रशासन के शक रहे कि धाम के भीतर मिलावट के धंधा फलत-फूलत बा। एकरा चलते छतरपुर के कलेक्टर पथ जायसवाल इ बड़ कार्रवाई कइले बाड़े। एकरा खाती छतरपुर कलेक्टर औपचारिक रूप से जांच टीम बनवले रहले।

खाद्य एवं औषधि विभाग के टीमो कार्रवाई कईला के बाद धाम के भीतर रेस्टोरेंट आ मिठाई के दोकान चलावे वाला सभ संचालक के कुछ निर्देशो देलस। निर्देश में उऽ लोग ताजा सामग्री के इस्तेमाल करे के कहले। कवनो खाद्य पदार्थ के ढेर दिन तक ना राखीं, कवनो प्रकार के खाद्य पदार्थ के खुला में ना राखीं।

 

Tags :
Bageshwar BabaBageshwar DhamChattarpurkhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsTags: Bageshwar DhamTirth asthal
Advertisement
Next Article