For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

MP News: IPL के तर्ज पऽ मप्र में MPL के हो रहल बा शुरुआत, जानी कइसे चुनल जाई खिलाड़ी, प्लेयर के कइसे होई फायदा

10:20 AM Apr 26, 2024 IST | Sonu Kishor
mp news  ipl के तर्ज पऽ मप्र में mpl के हो रहल बा शुरुआत  जानी कइसे चुनल जाई खिलाड़ी  प्लेयर के कइसे होई फायदा
Advertisement

MP News: जवन खेल देश के युवा लो के रग में खून के जइसे बहेला, उहे क्रिकेट अब मध्य प्रदेश में एक नया दौर लेके आवे वाला बा। तमिलनाडु प्रीमियर लीग आ सौराष्ट्र प्रीमियर लीग जइसन घरेलू टी-20 टूर्नामेंट केसरिया युवा भारतीय क्रिकेट प्रतिभा के बढ़ावा देवे खातिर आईपीएल केही तर्ज पऽ अब मध्य प्रदेश में मध्य प्रदेश लीग (MPL) सिंधिया कप के शुरुआत होखे जा रहल बा। मध्य प्रदेश अपना क्रिकेटरन के घरेलू टी-20 मंच पs चमके के मौका दी। एह टूर्नामेंट के जरिए अइसन छिपल खिलाड़ी जेकरा आगे बढ़े के मौका नइखे मिल पावत, वो खिलाड़ियन के विकास में तेजी लिआवे आ उनका लोग के टी-20 के फॉर्मेट खातिर तइयार कइले बा, जवना से उहो लो राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय स्तर के क्रिकेट में भाग ले सकस।

Advertisement

एह टूर्नामेंट के पीछे ग्वालियर डिविजनल क्रिकेट एसोसिएशन के उपाध्यक्ष आ गवर्निंग काउंसिल के अध्यक्ष महानआर्यमन सिंधिया के बड़ भूमिका बा। जे मध्यप्रदेश क्रिकेट में रोचकता लिआवे और मध्यप्रदेश की छोट - छोट जगहन, शहर कूच से उभरत क्रिकेट टैलेंट के आगे लिआवे के उद्देश्य से एह टूर्नामेंट के स्वरूप दिआवल गइल बा। एमपीएल सिंधिया कप टीम रिवीलिंग इवेंट के दौरान जीडीसीए के उपाध्यक्ष महान आर्यमन सिंधिया कहले कि ई एगो बड़ा दिन बा। हम युवा खिलाड़ियन खातिर एगो बड़ दिन बा, काहेकि ई एगो अवसर पैदा करऽता। भारत में एगो टेलिवाइज प्लेटफॉर्म तैयार हो रहल बा जवना से उऽ भारतीय स्काउट के साथ खेल सकिहे, एगो संबंध बन सकि। मध्य प्रदेश के स्काउट के साथे संबंध बना सकें। टूर्नामेंट के जरिए हम ग्रामीण स्तर से बढ़िया खिलाड़ियन के आगे लिआ सकी। आईपीएल जइसन अंतरराष्ट्रीय मंच मिल सके, काहेकि ठीक वइसने स्तर के मंच बनल बा जवना से एह खिलाड़ियन के बेहतर प्रदर्शन करे आ खेले के मौका मिल सके।

अइसे होई चयन

उहे मध्य प्रदेश लीग खातिर बनावल गई पांच गो टीम में खिलाड़ियन के चयन प्रक्रिया के बारे में जब उनका से पूछल गइल कि महान आर्यमन सिंधिया बतवले कि एह टूर्नामेंट में टीम प्लेयर सिलेक्शन खातिर तीन कैटिगरी राखल गइल बा, जवना में 14 खिलाड़ी शामिल होइहें । कैटिगरी-ए में मध्य प्रदेश के अइसन खिलाड़ी राखल जइहें, जवन राष्ट्रीय भा प्रदेश स्तरीय खिलाड़ी होइहें। जवन घरेलू क्रिकेट जइसन रणजी खेलते होई। उहे कैटेगरी-बी में 6 खिलाड़ी शामिल रहिहें, जवन संभागीय खिलाड़ी होइहें, जे प्रदेश स्तरीय क्रिकेट में भाग लेले होखे। ओहिजा कैटिगरी-सी में तीन ग्रामीण स्तर के खिलाड़ी होइहें, ए तीनो कैटेगरी के मिला के खिलाड़ियन के सिलेक्शन कइल जाई। इंका अलावा हर टीम में एगो आईकॉनिक प्लेयरो के शामिल कइल जाई जवन आईपीएल भा अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के हिस्सा होई।

खिलाड़ियन के मिली सैलेरी

उऽ कहले कि हमहू एगो खिलाड़ी हई, तऽ हमरा अनुभव से ई बहुत महत्वपूर्ण बा कि हम खाली ग्रामीण स्तर पऽ खिलाड़ी ना लिआई, ई जरूरी बा कि ग्रामीण लेवल प्लेयर्स के साथे अनुभवी खिलाड़ीयो होखस एकरा से आउर खिलाड़ियन के आपन सीनियर खिलाड़ी से सीखे के अवसर मिलत बा। एहिसे ई खिलाड़ियन के एगो अच्छा मिक्स होई। खास बात इहो रहल कि टीम में शामिल खिलाड़ियन खातिर कवनो बोली ना लगावल जाई, बल्कि उनका लोग के फिक्स सैलरी पऽ शामिल कइल जाई। एह टूर्नामेंट में शामिल टीमन के मध्य प्रदेश के वन्यजीव के समर्पित कइल गइल बा। सिंधिया बतवले कि टूर्नामेंट के शुरुआत में पांच गो टीम भाग लिहि, जवना में भोपाल लेपर्ड, ग्वालियर चीता, जबलपुर लॉयन, मालवा पैंथर आ रीवा जैगुआर शामिल होई।

Tags :
Advertisement