टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MP Plane Crash: MP के गुना में विमान दुर्घटनाग्रस्त, दू गो पायलट घायल

04:46 PM Aug 11, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मध्य प्रदेश के गुना जिला के एगो हवाई पट्टी पs एतवार के दिने एगो निजी विमानन अकादमी के प्रशिक्षण विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। ए दुर्घटना में दू गो पायलट घायल हो गइले। गुना कैंट थाना के प्रभारी दिलीप राजोरिया बतवले कि दु सीट वाला सेसना 152 विमान दुपहरिया करीब डेढ़ बजे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। आशंका बा कि इंजन खराब होखला के चलते विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल।

Advertisement

मध्य प्रदेश के गुना जिला के एगो हवाई पट्टी पs एतवार के दिने एगो निजी विमानन अकादमी के प्रशिक्षण विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। एह दुर्घटना में दू गो पायलट घायल हो गइले।

गुना कैंट थाना के प्रभारी दिलीप राजोरिया बतवले कि दु सीट वाला सेसना 152 विमान दुपहरिया करीब डेढ़ बजे दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। आशंका बा कि इंजन खराब होखला के चलते विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल। दुर्घटना से पहिले करीब 40 मिनट तक उऽ उड़ान भरले रहले।

दुनु पायलट खतरा से बाहर बाड़े

उ बतवले कि विमान में सवार दू गो पायलट घायल हो गइले, बाकिर उऽ लोग खतरा से बाहर बाड़े। उऽ बतवले कि दुनो पायलट के इहाँ के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। अधिकारी बतवले कि कुछ दिन पहिले इ विमान के निरीक्षण आ रखरखाव खातिर इहाँ ले आवल गइल रहे।

विमान आपातकालीन लैंडिंग करत रहे

असल में जब दुर्घटना भइल तऽ विमान तकनीकी खराबी के चलते गुना हवाई पट्टी प इमरजेंसी लैंडिंग करत रहे। इ विमान सबसे पहिले सागर से नीमच गईल रहे, जहां से उऽसागर वापस आवत रहे, तबे पायलट गुना में आपातकालीन लैंडिंग के अनुमति लेले। हालांकि विमान रनवे से बाहर निकल के पेड़ से टकरा गइल आ ओकरा के नुकसान पहुंचल।

Tags :
big breakingDurghatna newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsMadhya PradeshMP newsPlain crass
Advertisement
Next Article