For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

प्रज्वल रेवन्ना करवाई वापसी के कइले टिकट, एs दिन आ सकेले भारत

11:51 AM May 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
प्रज्वल रेवन्ना करवाई वापसी के कइले टिकट  एs दिन आ सकेले भारत
Advertisement

Advertisement

निलंबित जनता दल (धर्मनिरपेक्ष) नेता आ कर्नाटक के हासन लोकसभा सीट से सांसद प्रज्वल रेवन्ना जल्दिए भारत लवट सकेलें. सरकारी सूत्र के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक यौन उत्पीड़न के आरोप में फंसल प्रज्वल रेवन्ना 30 मई के जर्मनी के म्यूनिख से बंगलौर खातीर वापसी के उड़ान के टिकट बुक कs लेले बाड़े। मानल जाता कि प्रज्वल रेवन्ना के भारत लवटते ही गिरफ्तार कs लिहल जा सकता।

विशेष जांच टीम यानी एसआईटी के सूत्र से जानकारी मिलल बा कि प्रज्वल रेवन्ना के 31 मई के कर्नाटक के बेंगलुरु पहुंचे के संभावना बा। प्रज्वल रेवन्ना के गिरफ्तारी के मामिला में पुलिस केम्पेगौड़ा हवाई अड्डा पs लगातार नजर राखल जाता। सांसद प्रज्वल रेवन्ना दु दिन पहिले एगो वीडियो मैसेज जारी कईले रहले, जवना में उs 31 मई के एसआईटी के सोझा पेश होखे अवुरी जांच में सहयोग करे के वादा कईले रहले।

Tags :
Advertisement