टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MP: मोदी कैबिनेट में शामिल सावित्री ठाकुर ना लिख पवली बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ, जवन लिखली उऽ पढ़ के पकड़ लेब माथा

09:09 PM Jun 19, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Savitri Thakur: केंद्रीय राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ के नारा ठीक से ना लिख पवली। जवन लिखली उऽ अब चर्चा के विषय बन गइल बा। एकरा के लेके कांग्रेसो हमला बोलले बा। जानी, सावित्री ठाकुर अइसन का लिखली ?

Advertisement

दरअसल, धार जिला में आयोजित तीन दिवसीय प्रवेशोत्सव कार्यक्रम के शुभारंभ करे खातिर महिला आ बाल विकास विभाग के केंद्रीय राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर के बोलावल गइल रहे। कार्यक्रम में स्कूली बच्चन के तिलक लगा के स्वागत कइला के बाद शिक्षा रथ के हरिहर झंडा देखा के रवाना करे के रहे। एकरा से पहिले रथ पs लागल फ्लैक्स पs सावित्री ठाकुर के बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ स्लोगन लिखे के रहे। बाकिर, उऽ - बेढी पडाओ बच्चाव लिख देली।

कांग्रेस बोललस हमला

मंत्री सावित्री के वीडियो सामने अइला के बाद कांग्रेस से जिला पंचायत सदस्य मुकाम सिंह अलावा एकरा के दुर्भाग्यपूर्ण बतवलें। उऽ अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs लिखले - लोकसभा चुनाव जीतल धार-महू लोकसभा सांसद आ केंद्रीय महिला आउर बाल विकास राज्यमंत्री सावित्री ठाकुर के बेटी बचाओ बेटी पढ़ाओ स्लोगन लिखे के रहे। बाकिर, उहो लिखे नइखे आवत, बड़ा दुर्भाग्यपूर्ण विषय बा।

सोशल मीडिया पs जमके वायरल हो रहल बा फोटो वीडियो

मंत्री ओर से लिखल गइल गलत स्लोगन लिखे के वीडियो आ फोटो सोशल मीडिया पs जमके वायरल हो रहल बा। लोग आपन - आपन प्रतिक्रियो दे रहल बाड़े।

Tags :
BJP leadersBjp MpKhabar Bhojpuri NewsMP newsPoltics NewsSavitri thakur
Advertisement
Next Article