टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Mukesh Ambani: रिलायंस के चेयरमैन मुकेश अंबानी के तीसरा बेर मिलल धमकल, 200 करोड़ के बाद अब मंगले 400 करोड़

11:31 AM Oct 31, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दिग्गज कारोबारी आ रिलायंस इंडस्ट्रीज के चेयरमैन मुकेश अंबानी के एक बेर फेर धमकी भरल ईमेल मिलल बा। ई धमकी केहू आउर ना बलूक ओहि अज्ञात शख्स के ओर से दिहल गइल बा, जवन 27 अक्तूबर के दुगो ईमेल भेजके 200 करोड़ रुपिया के मांग कइले रहे। तीसरका ईमेल में शख्स फिरौती के रकम बढ़ाकर 400 करोड़ रुपिया कs देलस काहेकि अंबानी ओकरा पिछला दुगो ईमेल के जवाब ना देलें।

Advertisement

गौर करे वाला बात बा कि 26 अक्तूबर के सबसे पहिले धमकी भरल ईमेल मिलल रहे। एमे धमकी देवे वाला 20 करोड़ रुपिया के मांग कइले रहे। बाद में कीमत बढ़ाके 200 करोड़ रुपिया कs देले रहे। संगही रुपिया ना देला पs मुकेश अंबानी के गोली मारे के बात कहले रहे।

पुलिस नइखे कs सकत ट्रैक

अंबानी के आधिकारिक आईडी पs भेजल गइल तीसरका ईमेल में लिखल बा, राउर सुरक्षा केतनो अच्छा काहे ना होखे, हम एकरा बादो रउआ के मार सकत बानी। अबकी बेर ई कीमत 400 करोड़ रुपिया बा आ पुलिस हमरा के ट्रैक आ गिरफ्तार नइखे कs सकत।'

पीछिलो साल मिलल रहे धमकी

बता दीं कि ई पहिला बेर नइखे जब मुकेश अंबानी के एह तरे के धमकी मिलल होखे। एकरा पहिले, बीतल साल मुकेश अंबानी आ उनका परिवार के सदस्यन के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। तब मुंबई पुलिस कॉल कs के धमकी देवे के आरोप में बिहार के दरभंगा से एगो व्यक्ति के गिरफ्तार कइले रहे। आरोपी मुंबई के सर एच एन रिलायंस फाउंडेशन अस्पताल के बम से उड़ावे के धमकियो देले रहे।

Tags :
400 Crores DemandedBhojpuri NewsDeath ThreatMukesh Ambani
Advertisement
Next Article