टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Mumbai Rains: मुंबई में बरखा रोकलस local trains के रफ्तार, स्कूल कॉलेज बंद, अलर्ट जारी

08:39 AM Sep 26, 2024 IST | Minee Upadhyay
बरखा रोक दिहलस मुंबई में लोकल ट्रेनन के रफ्तार: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

भारी बरखा के चलते मुंबई के लाइफ लाइन मानल जाए वाली स्थानीय ट्रेन के गति धीमा हो गईल बा। भारी बरखा के चलते ट्रेन के आवाजाही प्रभावित भईल बा।  कुर्ला स्टेशन पs यात्रियन के भारी भीड़ बा, लोग अपना घर जाए के चिंता में बा। ट्रेन के पटरी नदी में तब्दील हो गईल बा। मुंबई के उपनगरीय ट्रेन नेटवर्क पs भी मूसलाधार बरखा से काफी असर पड़ल बा। कुर्ला, भांडुप आ विक्रोली के रेल पटरी पानी में डूब गइल जवना से केंद्रीय रेलवे (सीआर) लाइन पs एक घंटा के देरी हो गइल. स्टेशनन पs भइल घोषणा से यात्री लोग के जानकारी मिलल बा कि नाहुर, कंजूरमार्ग आ विद्याविहार स्टेशन पs ट्रेन ना रुकल जवना से लोग के समस्या अउरी बढ़ गइल बा.

मुंबई पुलिस जारी कइलस चेतावनी 

बीएमसी के आयुक्त भूषण गगरानी कंट्रोल रूम में मौजूद बाड़े अवुरी शहर में बरखा के स्थिति के जायजा ले रहल बाड़े। एही बीच मुंबई पुलिस ट्वीट में कहलस कि, "आईएमडी 26 सितंबर के सबेरे ले मुंबई अवुरी उपनगर में गरज अवुरी बिजली के संगे भारी बरखा के चेतावनी जारी कईले बिया। सभ मुंबईवासी से निहोरा बा कि जब तक जरूरत ना पड़े तब तक घर के भीतरी रहीं।" ."

स्कूल आ कॉलेज बंद 

भारत मौसम विभाग काल्हु सबेरे साढ़े आठ बजे ले मुंबई खातिर रेड अलर्ट जारी कइले बा. एकरा के देखत छात्र के सुरक्षा के ध्यान में राखत काल्ह बियफ़ें 26 सितंबर 2024 के मुंबई के सभ स्कूल कॉलेज में छुट्टी घोषित कs दिहल गईल बा। बृहन्मुंबई नगर निगम प्रशासन मुंबईवासी से निहोरा करत बा कि जरुरत पड़ला पर ही घर से बाहर निकलस। बीएमसी ट्विटर पs पोस्ट कईलस कि, 'बृहन्मुंबई नगर निगम प्रशासन मुंबई के लोग से निहोरा करता कि जब एकदम जरूरी होखे तबे घर से बाहर निकले लो.'

 

 

 

Tags :
bmcMumbai Local TrainMumbai RainsSchool closed
Advertisement
Next Article