टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Maharashtra: BJP विधायक शिंदे गुट के नेता पs चलवले गोली, थाना मे प्रशासन के सोझा भइल वारदात

02:44 PM Feb 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

महाराष्ट्र के ठाणे जिला में एगो पुलिस स्टेशन के भीतर गोलीबारी के खबर सामने आइल बा। उल्हासनगर में घटल ई घटना में एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना के नेता के भाजपा विधायक गोली मरले बाड़ें।

Advertisement

शिवसेना नेता महेश गायकवाड़ के चोट पहुँचावे के आरोप में भाजपा विधायक के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। पुलिस के मोताबिक दुनु नेता लो के बीच में कुछ दिन से कुछ बातन के लेके मतभेद चलत रहे। एकरा बाद उऽ दुनु जाना पुलिस स्टेशन में शिकायत करे आइल रहे। जहवां कहासुनी के बाद भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ महेश गायकवाड़ आ उनका संघतियन पs गोली चला देले।

घायल शिवसेना विधायक महेश गायकवाड़ के लगे के अस्पताल में भरती करावल गइल बा। उनका हालात के जानकारी अबही नइखे मिलल।

हिल लाइन पुलिस स्टेशन के घटना 

घटना सुक के रात में उल्हासनगर के हिल लाइन पुलिस स्टेशन में भइल। घटना के बेरा ओजा मवजूद एगो आदमी मीडिया के बतवले कि महेश गायकवाड़ आ उनकर समर्थक लो के पांच गो गोली लागल बा।

जदि रिपोर्ट के देखल जाव तऽ -

भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ आ शहर प्रमुख महेश गायकवाड़ सुक के हिल लाइन पुलिस स्टेशन के वरिष्ठ निरीक्षक अनिल जगताप से हॉल में बातचीत करत रहलें। तबे भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ के समर्थक लो हाथा पाही कइलस आ महेश गायकवाड़ पs गोली चला देलस।

ई हवे असल ममिला -

महेश गायकवाड़ आ गणपत गायकवाड के बीचे कवनो बात के लेके बहुत दिन से मतभेद चलत रहे आ उऽ दुनु जाना शिकायत करे खातिर पुलिस स्टेशन चहूँपल रहे। ओही घरी दुनु जाना के बीच बातचीत भइल तले गणपत गायकवाड़ , महेश गायकवाड़ आ उनका संघतियन लो पऽ गोली चला देले। डीसीपी सुधाकर पठारे कहलें कि जांच अबही चल रहल बा।

विवाद के बीच में, शिवसेना (यूबीटी) नेता आनंद दुबे '3 इंजन सरकार' पs निशाना साधत कहलें कि '' ई फायरिंग पुलिस स्टेशन के भीतर भइल बा। जे गोली चलवले बा उऽ भाजपा विधायक गणपत गायकवाड़ रहले आ जेकरा प गोली चलल बा उऽ शिवसेना शिंदे गुट के नेता महेश गायकवाड़ रहले। आनंद दूबे कहले हऽ कि ई बड़ी अफसोस के बात बा कि दुनु पार्टियन के नेता लड़ रहल बा लो आ एक-दूसरा के मारे के कोसिस कs रहल बा लो।

Tags :
Bhojpuri NewsCrime Newsmaharashtra newsMLA shot by Bullets
Advertisement
Next Article