टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ट्रेन-फ्लाइट के बाद अब मुंबई मेट्रो के सेवा ध्वस्त, ट्रैक पs पैदल चलत दिखल लोग

01:51 PM Jan 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

ट्रेन के देर से चले के बारे में रउआ कई बेर सुनले होखब। पिछला कई दिन से उड़ान भी लेट हो रहल बा, लेकिन अब मुंबई में मेट्रो सेवा भी डगमगा गईल बा। दहिसर से कांडीवली के बीच मुंबई मेट्रो के लाइन 7 पर कई गो ट्रेन फंसल बाड़ी सऽ। ओकरा बाद से ऊपर आ नीचे दुनु लाइन के सेवा प्रभावित भइल बा. एकरा संगे-संगे बहुत दिन से मेट्रो सेवा बंद होखला के चलते यात्री चिंतित बाड़े।

मेट्रो के पटरी पs चलत लोग

बता दीं कि एकसार रोड स्टेशन के लगे मेट्रो खराब हो गइल। एकरा बाद मेट्रो में सफर करेवाला यात्री भी कवनो ना कवनो तरीका से बाहर निकलले अवुरी मेट्रो के पटरी पs चलत देखाई देले। एकर वीडियो भी सामने आइल बा। पूरा घटना आज सुबेरे 8:30 बजे भईल।

एयरपोर्ट पर बइठल लोग के वीडियो वायरल हो गइल

एकरा अलावे सोशल मीडिया पs एगो अवुरी वीडियो तेजी से वायरल होखता, जवना में कुछ यात्री एयरपोर्ट के रनवे पs बईठल देखाई देतारे। इहो कहल जा रहल बा कि ई वीडियो खाली मुंबई एयरपोर्ट के हs। दरअसल एह यात्रियन के उड़ान में शुरू में घंटन देरी भइल जवना के बाद में डायवर्ट कs दिहल गइल। सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs बहुत यूजर दावा कईले कि, गोवा-दिल्ली के बीच उड़ान भरत इंडिगो के उड़ान 14 जनवरी के 18 घंटा देरी भईल रहे, जवना के बाद में मुंबई के ओर मोड़ दिहल गईल।

खिसियाइल सवारी पायलट के मुक्का मरलस

एकरा अलावे सोशल मीडिया पs वायरल होखत एगो अवुरी वीडियो में एगो पायलट यात्री के सोझा कुछ घोषणा करतारे, जब पीला रंग के हुडी पहिनले आदमी पीछे से आके ओकरा के मुक्का मारतारे। एकरा बाद उ पायलट से कहतारे कि गाड़ी चलावे के बा तs जा, गाड़ी ना चलावे के बा तs गाड़ी मत चलाईं, गेट खोल दी।' एकरा बाद एगो एयर होस्टेस के कहनाम सुनाई देवेला कि रउआ जवन भी कईनी उs गलत रहे। ई सुन के ऊ आदमी फेरु कहेला कि हमनी के एतना दिन से बइठल बानी जा। सोशल मीडिया पs ई वीडियो वायरल हो गइल बा। इs पूरा मामिला उड़ान के देरी से भी जुड़ल बा।

 

 

Tags :
Metro Servicesmumbaimumbai metro service stopped
Advertisement
Next Article