टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Mumbai Rains: मुंबई में भारी बारिश के चलते विमान सेवा प्रभावित, 36 गो उड़ान रद्द

09:39 PM Jul 21, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Mumbai Rains: मुंबई में लगातार होखत भारी बरखा के चलते एक ओर सामान्य जीवन प्रभावित होखsता तऽ दोसरा ओर एयरलाइंसो पs असर पड़sता। खराब मौसम के चलते मुंबई हवाई अड्डा से 36 गो उड़ान रद्द हो गइल बा। कई गो उड़ान के रूट अहमदाबाद समेत आसपास के अलग-अलग हवाई अड्डा के ओर मोड़ दिहल गइल।

Advertisement

महाराष्ट्र के राजधानी मुंबई में भइल भारी बरखा के चलते हवाई सेवा बाधित हो गइल बा।  पीटीआई के दिहल जानकारी के मोताबिक मौसम के देखत एतवार के मुंबई हवाई अड्डा से 36 उड़ान रद्द कऽ दिहल गइल बा। एजेंसी सूत्र के हवाला से कहलस कि, बारिश के चलते सुविधा संचालक के करीब एक घंटा के भीतर दु बेर रनवे के कामकाज बंद करे के पड़ल।

सूत्र के मोताबिक छत्रपति शिवाजी महाराज अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs रद्द भइल उड़ान इंडिगो के संगे-संगे एयर इंडिया आ विस्तारा के रहे। सूत्र के हिसाब से, 'शहर में लगातार होखत भारी बरखा आ कम दृश्यता के चलते एतवार के 18 गो आउर जाए वाली उड़ान के रद्द करे के पड़ल।'

रनवे के संचालन दु बेर रुक गईल

रद्द भइल उड़ान में इंडिगो के 24 आ एयर इंडिया के 8 उड़ान शामिल बा। विस्तारा मुंबई हवाई अड्डा पs आपन चार गो उड़ानो रद्द कऽ दिहलस। पहिले खबर आइल रहे कि खराब मौसम आ कम दृश्यता का चलते रात के बारह बजे आ बाद में दुपहरिया एक बजे से डेढ़ बजे ले आठ मिनट खातिर रनवे के कामकाज बंद कर दिहल गइल।

सूत्र के मानल जाव तऽ एयर इंडिया, इंडिगो आ अकासा समेत कम से कम 15 उड़ान के शाम चार बजे तक नजदीकी हवाई अड्डा, मुख्य रूप से अहमदाबाद पs मोड़ दिहल गइल। बृहानमुंबई नगर निगम के मोताबिक, शाम के चार बजे तक शहर में 82 मिमी, पूर्वी उपनगर में 96 मिमी अवुरी पश्चिमी उपनगर में 90 मिमी बरखा भइल। भारी बरखा के चलते पूरा मुंबई में उड़ान परिचालन के अलावे सड़क आ रेल सेवो प्रभावित भईल। एक ओर जहां बहुत सड़क पs पानी भर गइल रहे, ओहिजा सेंट्रल रेलवे के हार्बर लाइन पs कुछ जगह पs पटरीयो पानी में डूब गइल रहे।

Tags :
Air India FineFlight Cancellationflight cancelledmumbai flightMumbai News
Advertisement
Next Article