टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मशहूर शायर मुनव्वर राणा के भइल निधन, 71 साल के उमिर में लिहले आखिरी सांस

07:37 AM Jan 15, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मशहूर शायर मुनव्वर राणा के निधन हो गइल बा। उ 71 साल के उमिर में लखनऊ में आपन आखिरी सांस लेले। जानकारी के मुताबिक, उ पछिला कई दिन से बेमार रहले अवुरी संजय गांधी पीजीआई, लखनऊ के आईसीयू वार्ड में उनुकर इलाज चलत रहे। राणा के कई गो रचना हिंदी, अवधी आ उर्दू भाषा में प्रकाशित भइल बा। संगही उनुका के साहित्य अकादमी पुरस्कार से सम्मानित कईल गईल बा। हालांकि देश में असहिष्णुता के आरोप लगावत उs इs पुरस्कार वापस कs देले।

पिछला साल मई में भी बिगड़ गईल रहे स्वास्थ्य

पिछला साल मई में भी उनकर हालत बिगड़ गइल रहे, जेकरा बाद लखनऊ के अपोलो अस्पताल में लाइफ सपोर्ट सिस्टम पs रखल गइल रहे। ओह घरी शायर के पित्ताशय के ऑपरेशन भइल रहे, जेकरा बाद उनकर स्वास्थ्य बिगड़ गइल। हालांकि ओह घरी ऊ ठीक हो गइल रहले। हाल ही में किडनी से जुड़ल समस्या के बाद उनुका के एसजीपीजीआई में भर्ती करावल गईल। इहाँ उनुका के आईसीयू वार्ड में भर्ती करावल गईल। जवना के बाद अतवार के रात करीब 11:30 बजे उ अंतिम सांस लेले।

 

Tags :
famous poetFamous poet Munawwar Rana passes awayMunawar RanaMunawwar RanaPoetpoet Munawwar Ranaमशहूर शायरमशहूर शायर मुनव्वर राणा के निधनमुनव्वर राणाशायरशायर मुनव्वर राणा
Advertisement
Next Article