For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में अवैध कब्जा पs चलल नगर निगम के बुलडोज़र: खरैया पोखरा से कब्जा हटावे गइल टीम से भइल धक्का-मुक्की, 1.55 एकड़ से हटल अवैध कब्जा

05:26 PM Dec 18, 2024 IST | Anurag Ranjan
गोरखपुर में अवैध कब्जा पs चलल नगर निगम के बुलडोज़र  खरैया पोखरा से कब्जा हटावे गइल टीम से भइल धक्का मुक्की  1 55 एकड़ से हटल अवैध कब्जा
गोरखपुर में अवैध कब्जा पs चलल नगर निगम के बुलडोज़र
Advertisement

गोरखपुर के शाहपुर थाना क्षेत्र में बुध के नगर निगम के टीम भारी पुलिस बल के संगे खरैया पोखरा के सुंदरीकरण में बाधक अवैध निर्माणन पs कार्रवाई कइलस। 12 बजे सुरू भइल एह कार्रवाई में बुलडोजर के मदद से 1.55 एकड़ क्षेत्र में बनल अवैध कब्जा हटावल गइल।

Advertisement

तीन महीना पहिले नगर निगम आ तहसील प्रशासन के संयुक्त पैमाइश में 15 अवैध कब्जन के पहचान भइल रहे, जेमे से छव पs पक्का निर्माण कइल गइल रहे। अपर नगर आयुक्त निरंकार सिंह के नेतृत्व में प्रवर्तन दल लाउडस्पीकर से अतिक्रमण हटावे के पहिले सूचना देले रहे।

बुलडोजर के सामने सुतलें प्रदर्शनकारी

कार्रवाई के दौरान स्थानीय लोग जमके विरोध कइल। कुछ प्रदर्शनकारी बुलडोजर के सामने सूत, जबकि आउर लोग सड़क पs बइठके रास्ता रोके के कोसिस कइल। पुलिस बल सख्ती देखावत प्रदर्शनकारियन के हटवलस आ अतिक्रमण हटावे के काम जारी रखलस।

महिला लोग कइलस कार्रवाई रोके के अपील

महिला आ पुरुष लोग अधिकारियन से कार्रवाई रोके के गुहार लगावल, बाकिर प्रवर्तन दल बिना रुकले अवैध निर्माणन के ढहा दिहल। प्रशासन के सख्त रवैया आ भारी पुलिस बल के मवजूदगी के कारण विरोध नाकाम रहल।

सुंदरीकरण खातिर रास्ता साफ

नगर निगम के एह कार्रवाई के बाद खरैया पोखरा के सुंदरीकरण के रास्ता साफ हो गइल बा। अधिकारी लोग स्पष्ट कइल कि शहर के विकास कार्यन में बाधा बने वाला अवैध कब्जन पs आगहूं एह तरे के कार्रवाई जारी रही।

Read Also: Realme 14x लॉन्च: IP69 रेटिंग वाला सबसे सस्ता फोन, मिली 6000mAh बैटरी आ 45W चार्जिंग

Advertisement