For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

हत्यारोपी इरशाद मुठभेड़ में गिरफ्तार: बरेली में चाकू से रेतले रहे दोस्त के गला

12:04 PM Sep 14, 2024 IST | Sonu Kishor
हत्यारोपी इरशाद मुठभेड़ में गिरफ्तार  बरेली में चाकू से रेतले रहे दोस्त के गला
थाना में खड़ा हत्यारोपी इरशाद
Advertisement

बरेली के मीरगंज थाना क्षेत्र में भइल मुठभेड़ में एगो युवक के हत्या के आरोपी के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल। शनिचर के सबेरे करीब चार बजे मीरगंज से नौसना जाए वाला सड़क प भइल एह मुठभेड़ में पुलिस आरोपी के गोड़ में गोली मार के पकड़ लेलस। पूछताछ के दौरान आरोपी सनसनीखेज खुलासा कइले बा।

Advertisement

एसपी दक्षिणी मनुष पारीक बतवले कि मुठभेड़ में फंसल आरोपी इरशाद हवे। उऽ 11 सितंबर के रात में अपना दोस्त के हत्या कऽ देले रहले। एकरा बाद उऽ फरार हो गइल। पुलिस पूछताछ के दौरान इरशाद बतवले कि करीब पांच साल पहिले उनकर दोस्त उनका संगे जबर्दस्ती समलैंगिक संबंध बनवले रहे। ओह घरी उऽ ओकर विरोध ना कर पावत रहले बाकिर मन में ओकरा से एगो खीस सवार रहले। बदला के आग उनका दिल में जरत रहे।

इरशाद बतवले कि घटना के दिन उऽ अपना दोस्त के बहाना बना के फोन कइले। कई तरह के दारू पिअवलले। शराब पी के नशा में धुत्त हो गइले तऽ एकरा बाद इरशाद चाकू से गला रेत के उनका शरीर पs हमला कइले। युवक के विरोध के चलते इरशाद के एक-दु जगह चाकू लाग गइल। घटना के बाद उऽ भाग गइले। एसपी दक्षिणी बतवले कि आरोपी इरशाद के गिरफ्तार कऽ लिहल गइल बा। उनका के जेल भेज दिहल जाई।

Tags :
Advertisement