For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

प. बंगाल: मुर्शिदाबाद में रामनवमी शोभायात्रा पs पथराव, हिंसक झड़प में कईगो घायल

08:37 AM Apr 18, 2024 IST | Minee Upadhyay
प  बंगाल  मुर्शिदाबाद में रामनवमी शोभायात्रा पs पथराव  हिंसक झड़प में कईगो घायल
Advertisement

Advertisement

पश्चिम बंगाल के मुर्शीदाबाद में राम नवमी के जुलूस में पथराव अवुरी हिंसक झड़प में बहुत लोग घाही हो गईले। इs घटना बुध के सांझ के भईल। घटना के चलते इलाका में तनाव मचल रहे। एह घटना के वीडियो सोशल मीडिया पs भी वायरल हो रहल बा। एहमें लोग छत से पत्थर चलावत लउकत बा. भीड़ के तितर-बितर करे खातिर पुलिस के लाठी चार्ज के सहारा लेवे के पड़ल अवुरी आंसू गैस के गोला भी चलावे के पड़ल।

ममता सरकार पs नाराज भाजपा

पुलिस के मुताबिक, स्थिति पs काबू पा लिहल गईल बा अवुरी अतिरिक्त पुलिस बल के इलाका में भेजल गईल बा। एs घटना में घाही लोग के मुर्शिदाबाद मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एह हिंसा के घटना के बाद भारतीय जनता पार्टी एक बार फिर ममता सरकार पs नाराज बिया। भाजपा के आरोप बा कि मुर्शिदाबाद में होखत हिंसा खातिर ममता सरकार जिम्मेदार बिया. फिलहाल ममता बनर्जी हिंसा पs चुप बाड़ी। हालांकि ममता कुछ दिन पहिले राम नवमी पs हिंसा के आशंका जतवले रहली।

पुलिस पs पक्षपात के आरोप

पश्चिम बंगाल के विपक्षी नेता शुभेंदु अधिकारी कहले कि राम नवमी के जुलूस निकाले खातीर प्रशासन से अनुमति लिहल गईल। उs बतवले कि मुर्शिदाबाद के बेलडांगा के शक्तिपुर में राम नवमी जुलूस पs हमला भईल। अधिकारी पुलिस पs पक्षपात के आरोप भी लगवले।उs कहले कि पुलिस राम भक्त पs आंसू गैस के गोला दगले ताकि जुलूस तुरंत खतम होखे के चाही।

Tags :
Advertisement