For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

संगीत :यायावरी वाया भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पs रिलीज होई गजल ' काल्ह के बात'

04:52 PM Nov 25, 2023 IST | Minee Upadhyay
संगीत  यायावरी वाया भोजपुरी के यूट्यूब चैनल पs रिलीज होई गजल   काल्ह के बात
Advertisement

Advertisement

ईश्वर ब्रिज फाउंडेशन के माटी परियोजना के अंतर्गत यायावरी वाया भोजपुरी के अगिला गीत के प्रस्तुति में रउरा सभे सुनि एगो बेहतरीन गज़ल "काल्ह के बात "

एह गज़ल के लिखलेे बानी भोजपुरिया माटी के अजगूत साहित्यकार स्व. पाण्डेय कपिल । ई एह प्रोडक्शन हाउस के दुसरका भोजपुरी गज़ल के प्रस्तुति हs ।

गज़ल के आपन आवाज देलेे बाड़े धनंजय आजाद, एह गीत के कंपोज नवहा संगीतकार,गीतकार आ गायक आदित्य राजन कइले बाड़े।

एह गीत के पोस्टर आजु यायावरी वाया भोजपुरी के सब सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs रिलीज कईल गइल हs। गीत काल्ह सांझी के 4 बजे यूट्यूब पs रिलीज होई । एह में मुख्य कलाकार के रूप में धनंजय आजाद, सन्नी देव आ राहुल बीड बाड़े।

संगीत सुशांत देव आ मिक्स मास्टर के जिम्मा रवि विश्वकर्मा के बा। सिनमेटोग्राफी SMP Photography Ranchi आ DOP रोहित कुमार सिंह कइले बाड़े।

समय के बदलल चाल पs लेखक भोजपुरी के खांटी शब्दन के बड़ा सुनर तरीका से गजल के माला में गुंथले बाड़े ओहिजे नया कम्पोजिशन आ संगीत दर्शकन के जरूरे लुभाई आ लोग पसsन करिहें।

Tags :
Advertisement