For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

मुसलमानन के पूरा आरक्षण मिले, लालू प्रसाद यादव के बयान प हंगामा

12:46 PM May 07, 2024 IST | Raj Nandani
मुसलमानन के पूरा आरक्षण मिले  लालू प्रसाद यादव के बयान प हंगामा
Advertisement

इंडिया गठबंधन के प्रमुख नेता आ राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव मुसलमान के आरक्षण देवे के समर्थन कइले बाड़े। अब एह बयान के बाद नया विवाद के संभावना बा।

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के तीसरा चरण के मतदान मंगल 7 मई के खतम हो जाई। एह चुनाव के दौरान देश में मुस्लिम आरक्षण एगो बड़ मुद्दा के रूप में सामने आइल बा। भाजपा लगातार इंडिया एलायंस प पिछड़ा वर्ग के आरक्षण के मुसलमानन में बाँटे के आरोप लगावत बिया । ओने विपक्षी गठबंधन के प्रमुख नेता आ बिहार के सीएम रहल लालू प्रसाद यादव भी मुसलमान के आरक्षण देवे के समर्थन कइले बाड़े। लालू प्रसाद यादव के ए बयान के बाद अब आरक्षण के मुद्दा प एक बेर फेर हंगामा के संभावना बा। लालू यादव के पूरा बयान जानि।

मुसलमान के आरक्षण मिले- लालू यादव

बिहार के पूर्व सीएम आ राजद नेता लालू प्रसाद यादव दावा कइले कि वोट हमनी के पक्ष में बा। जंगल राज के नाम प लोग के भाजपा के खिलाफ भड़कावे के कोशिश करतारे। एकरा बाद लालू यादव से मुसलमानन खातिर आरक्षण के मुद्दा प पूछताछ भइल। एह प लालू कहले- "मुसलमानन के पूरा आरक्षण मिले के चाहीं ।"

उ सबके भड़का रहल बाड़े – लालू यादव

पटना में लालू प्रसाद यादव से केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के बयान के बारे में पूछल गइल कि जदी INDIA के गठबंधन सत्ता में आई त देश में जंगलराज होई। ए प राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव कहले कि उ (गृहमंत्री अमित शाह) एतना डेरा गइल बाड़े कि उ सभके भड़कावतारे। लालू कहले कि जनता समझ गइल बिया कि उ संविधान आ लोकतंत्र के नाश कइल चाहतारे।

बिहार में कब चुनाव हो रहल बा?

चुनाव आयोग के कहनाम बा कि लोकसभा चुनाव 7 चरण में करावल जाई । पहिला चरण के मतदान 19 अप्रैल के होई आ सातवां चरण के मतदान 1 जून के होई। बिहार के 40 लोकसभा सीट के चुनाव 7 चरण में होई – 19 अप्रैल, 26 अप्रैल, 7 मई, 13 मई, 20 मई, 25 मई अवुरी 1 जून। एकरा संगे-संगे 4 जून के चुनाव के नतीजा आई।

Tags :
Advertisement