टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Muzaffarnagar House Collapse: जक से मकान उठावत 20 मजदूर मलबा में दबइले, दू गो मौत; CM योगी हादसा पऽ लिहले संज्ञान

08:38 AM Apr 15, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

मेरठ के मुरसलीन के जानसठ में पानीपत-खटीमा हाईवे पऽ बिजलीघर के सामने 400 वर्ग गज में दू मंजिला मकान रहे जवना में छव हो दोकान बनल रहे। मजदूर कई हो जक लगा के मकान उठावत रहले। तबे जैक तिरछा गइला के कारण पूरा मकान भरभरा के गिर गइल जवना में सब श्रमिक दबा गइले। पुलिस मलबा में दबाइल 16 श्रमिकन के बाहर निकाल गइल एमें दू गो मजदूर के मौत हो गइल।

Advertisement

दू मंजिला मकान जैक से उठावत घरी भरभरा के गिर गइल। मलबा में 20 श्रमिक दबा गइले। पुलिस मलबा में दबाइल 16 श्रमिकन के बाहर निकालस, एमें दू गो मजदूर के मौत हो गइल। डीआइजी, डीएम आ एसएसपी के देखरेख में एसडीआरएफ, एनडीआरएफ आ स्थानीय पुलिस जेसीबी मशीनन के साथे बचाव कार्य में जुटल रहे। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ घटना पऽ संज्ञान लेत प्रत्येक व्यक्ति के सुरक्षित बाहर निकाले तक अभियान जारी रखे के आदेश देले।

घटना के बाद मकान मालिक आ ठेकेदार दुनु फरार हो गइले। मेरठ के मुरसलीन का जानसठ में पानीपत-खटीमा हाईवे पऽ बिजलीघर के सामने 400 वर्ग गज में दू मंजिला मकान रहे, जवना में छव दुकान बनल रहे। हाईवे चौड़ीकरण के कारण मकान नीचा हो गइल रहे, जवना के उठावे खातिर पांच दिन से काम चलत रहे । एकर ठेका रामपुर जिला के छुट्टन ठेकेदार के दिहल रहे।

16 मजदूरन के बाहर निकाल के सरकारी अस्पताल भेजल गइल, जहां डॉक्टर लो मुरादाबाद के मोहित आ रामपुर के पीयूष के मृत घोषित कर देलस। डीएम अरविंद मल्लप्पा बंगारी के कहनाम बा कि कई गो टीम बचाव कार्य में लागल बिया। 16 श्रमिकन के बाहर निकाल लिहल गइल बा। एमें दू गो मजदूर लो के मौत हो गइल बा।

Tags :
Aditya nath YogiCm Uttar PradeshCM Yogi AditaynathCm yogi adityanathCM Yogi Adityanath on UP's law and orderdurghatnaup policeuttar pradesh news
Advertisement
Next Article